JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

अब का करबs राज ठाकरे, बतावs अब का करबs ?

अब का करबs राज ठाकरे,
बतावs अब का करबs,
काहे नईखे मुंहवा से बकार निकलत अब
जब कई दिहले तहार बेइज्ज़ती
उहे लोगवा जिनकर करे चलल रहल तु सम्मान
हो कि अब का करबs राज ठाकरे।।

काहे ना निकलल तोहरा मुंह से आशा जी खातिर कवनो फरमान
कह दिहली जब उ खुल्लम खुल्ला ना आवे हमरा मराठी
जब क्रिकेट के देवता सचिन करि दिहले आपन रेकॉड
डबल सेंचुरी के हिन्दुस्तान के नांवे
बोलs अब का करबs राज ठाकरे ।।

हो काहे नईखs देत निकाल एहु लोग के मुम्बई से बहरिया
कहंवा गइले तहार पोसुवा गुंडा
जे करेलन निर्दोषन पर अत्याचार
हो कि अब का करबs राज ठाकरे ।।

हम बताव तानी तोहरा के रस्ता एक निमन
सुनलिहs लगा के ठीक से कनवा आपन
उठाव आपन बोरिया बिस्तर गंदा राजनिति के
जाके लेले संन्यास तुहु कवनो नदी के किनारे
मानs बतिया ठेठ बिहारी के,
हो काहे कि अब नांही लोगवा तहरा फेरा मे पडीहें
काहे से कि बुझ गइले तोहार खेलवा उहो सब सज्जन श्रीमन

त बोलs अब का करबs राज ठाकरे।।
हो बोलs बोलs अब का करबs राज ठाकरे
त बोलs अब का करबs राज ठाकरे...............

Views: 14

Comment by Team Admin on September 14, 2012 at 7:07pm

दूसरा जगह से कॉपी कइल सामग्री के बिना ओह लेखक के अनुमति के इहा प्रकाशित नइखे कइल जा सकत ..उम्मीद बा आगे से कौनो भी रचना में  कम से कम ओह रचना लेखक के नाव के संगे पोस्ट करब ...http://www.jaibhojpuri.com/page/rules-1

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service