Come, let's do something for Bhojpuri...
जमशेदपुर। आपन जिनगी बचाये खातिर जुझ रहल लोगन के सहायता पहिलहुँ जय भोजपुरी परिवार कइले बा, अउर एक बेर फेर एगो दुखियारी महिला हमनी के सामने बाडी। एह तस्वीर के गौर से देखीं, इनिकर नांव उमा विस्वास हवे, अउर ई कैंसर से पीडित बाडी। ई फोटो काफी पुरान हवे, अउर अभी इनिकर चेहरा देखला के बाद नया फोटो खिंचे के हिम्मत ना होला।
इनका परिवार में पति-पत्नी के अलावा एगो लइकी (13 साल) अउर एगो लइका (8 साल) भी बाटे। जिंदगी अउर मौत के बीच झूल रहल एह महिला के पति साइकिल पर घुम-घुम के बिस्कूट, पापड अउर एह तरह के छोट-छोट चीज बेचे लन, जवना से जइसे तइसे परिवार के गुजारा चलेला। इलाज खातिर दर-दर के ठोकर खा रहल एह परिवार के पीडा हमरा ना देखल गइल, जब आज सांझी खान ई बेहोश होके गिर गइली। हमनी के तनकियो सहायता एह महिला के जिनगी बचा सकेला, अउर हमनी के मानना बा कि "कवनो व्यक्ति खातिर, ओकरा परिवार खातिर, समाज खातिर, अउर मानवता खातिर केहु के जिनगी बहुत मूल्यवान होला।"
चूंकि उनका लगे कवनो बैंक खाता नइखे, ओह से रउआ आपन सहयोग राशि "भोजपुरिया डॉट कॉम" के बैंक खाता में भेज सकेनी, अउर एह अभियान के समाप्ति पर हमनी का उनका परिवार के ऊ राशि नकद में सुपुर्द करब जा, अउर ओह समय के फोटो भी एहिजा पोस्ट कइल जाई। सहायता राशि रउआ एह अकाउंट में चेक/कैश से जमा करा सकेनी:
State Bank of India (SBI), Jamshedpur Branch
IFS Code: SBIN0000096
A/c Number: 30219994536
A/c Name: BHOJPURIA.COM
सहायता राशि जमा कइला के बाद ओकर रसीद रउआ एहिजा पोस्ट कइ सकेनी, भा एडमिन के ओकर जानकारी दे सकेनी। हमनी का निहोरा करब जा कि जय भोजपुरी डॉट कॉम के सदस्य लोग एह अभियान में हाथ बढाव। राशि के कवनो बंधन नइखे, रउआ कवनो राशि सीधे एह बैंक अकाउंट में भेज सकेनी। एगो गरीब आ अभावग्रस्त परिवार के मदद खातिर अगर हमनी का सामने ना आयेब जा, त के आई? आईं, पीडित मानवता के सेवा कइल जाव...
जय भोजपुरी परिवार के पुरान अभियान एहिजा देखल जा सकेला:
गायिका अंशुमाला के मदद करीं
आईं, एगो जरुरतमंद के सहायता कइल जाव...
एडमिन जी, प्रणाम आ जय भोजपुरी,
हम काल्ह 2500 रुपया भोजपुरिया डॉट कॉम के कार्यालय में पहुंचा देब।
Comment by mukesh pathak on February 1, 2012 at 7:19am आपकी सदाशयता अच्छी लगी . यदि आप उनका बैंक खाता खुलवा दें और उनका एकाउंट नंबर दें तो ज्यादा बेहतर होगा और हम अन्य लोगों को भी प्रेरित कर सकते हैं.
Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on February 1, 2012 at 8:49am edmin ji pranam aa jai bhojpuri !
hum apna taraf se bharsak koshish karab !
jai bhojpuri !
Comment by संजीव सिंह on February 1, 2012 at 10:03am एडमिन जी प्रणाम,
हम अपना तरफ से उमा जी खतिरा सहायाता राशि भोजपुरिया डॉट कॉम के खाता मे जल्दीये भेजवा देम।
जय भोजपुरी
Comment by SANJAY KUMAR on February 1, 2012 at 10:15am Dear Admin,
I have deposited a cheque (Cheque No. 515520, HDFC bank, Silvassa) of Rs 2000/- towards aid to Uma Biswas.
Please acknowledge once the amound is received.
Regards,
SANJAY KUMAR
SILVASSA
Comment by Admin on February 1, 2012 at 10:45am मुकेश जी, राउर सुझाव बढिया बा, लेकिन जवना हालत में ऊ बाडी, ओह हालत में उनकर बैंक अकाउंट खोलवाये के बात कइल उचित नइखे लागत। रउआ हमनी के पुरनका दूनो अभियान (लिंक ब्लॉग के अंत में दिहल बा) में देख सकेनी कि हमनी का हमेशा पीडित व्यक्ति के बैंक अकाउंट नम्बर पोस्ट करेनी जा, लेकिन एह मामला में ई संभव नइखे। सबके सहयोग राशि मिलला के बाद (शायद अगिला हफ्ता) उनका के नकद में दे दिहल जाई, अउर ओह दिन के फोटो आ वीडियो (पुरा डिटेल के साथ) एहिजा पोस्ट कइल जाई। राउर सुझाव खातिर धन्यवाद...
Comment by Admin on February 1, 2012 at 10:48am सब केहु से निहोरा से निहोरा बा कि बैंक में राशि भेजला के बाद ओकर रसीद एहिजा पोस्ट करीं, ताकि हिसाब राखे में सुविधा होखे।
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on February 1, 2012 at 2:25pm एडमिन जी प्रनाम आ जय भोजपुरी
हम अभी अईसना जगहि प बानी की एजुगा से पईसा भेजल संभव नईखे , बाकी कोशिश करत बानी की केहु ना केहु से कही के कवनो जोगाड लगा के जतना हो सकेला ओतना सहायता करी ।
बहुत बहुत धन्यवाद एह जानकारी खाति आ हम निहोरा करब सब केहु से की आगे आई सभे , नेट के फायदा एहि कुल्हि मे बा आ इंसानियत के परिचय दिही सभे !
जय भोजपुरी
Comment by Admin on February 1, 2012 at 6:16pm शिव शंभु जी, काल्ह हम उनका घर से डाक्टर के रिपोर्ट लेवे के कोशिश करब। अउर अगर ऊ मिलल, या फिर ओह तरह के कवनो जानकारी मिलल, त हम एहिजा जरुर पोस्ट करब।
Comment by Pankaj Praveen on February 1, 2012 at 10:31pm हम १ हजार रुपया के सहयोग धनराशी भेजत बानी...अउर भगवान से प्राथना करत बानी की उहा के जल्द से जल्द एह कष्ट से मुक्ति मिले अउर सवस्थ अउर सुखी जीवन व्यतीत करस..
© 2013 Created by Admin.
You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!
Join JaiBhojpuri.com