JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

गायिका अंशुमाला के मदद करीं

पटना। अभी जादा दिन नइखे भइल, मात्र दू साल पाहिले ले जेकरा आवाज के कद्रदान पटना से लेके दिल्ली तक मौजूद रहलन, उ आवाज कहाँ गुम बा? काल्ह तक एही आवाज के दम पे पटना विश्वविद्यालय से लेके दिल्ली विश्वविद्यालय के मिरांडा हाउस आपन प्रतिष्ठा कायम राखत रहे, बिहार सरकार उनका कला पर इतरात रहे अउर दिल्ली में जब भी कभी बिहार के  अस्मिता के बात आवत रहे त ओकरा खातिर इनकर आवाज ही काफी रहे। जब मैथिली और भोजपुरी के नया कलाकारन के बात होत रहे, त सबके जुबान पर नाम एके होत रहे - अंशुमाला।

आज के हालात ई बा कि उहे युवा लोक गायिका अंशुमाला जिन्दगी अउर मौत के बीच संघर्ष कर रहल बड़ी, काहें कि अंशुमाला के दुनो किडनी ख़राब हो चुकल बाटे, जेकरा वजह से महज 27 साल के उमिर में ही जिन्दगी के सपना टूट रहल बाटे। अउर, जब जिंदगी के सुर ही दांव पर लागल होखे, त संगीत के राग कहाँ तक साथ दी? हमनी के बिहार खातिर एह से बढ के दुर्भाग्य के बात का होई, कि अपना राज्य के एतना होनहार बेटी के पइसा के कमी के कारण आज इलाज नइखे हो पावत। वेल्लूर से लेके लखनऊ, अउर दिल्ली तक इलाज खातिर भागदौड़ भइल, लेकिन पइसा ना भइला का वजह से अपना मायका यानी पटना वापस आये खातिर मजबूर हो गइल बाड़ी।

एहिजा शास्त्रीनगर में अंशुमाला के बाबुजी के, जे बिहार पुलिस में सिपाही बाडन, सरकारी आवास में ऊ अपना माई का संगे रह रहल बाडी। एहिजा उनकर देखभाल भी करे वाला केहु नइखे काहें कि पिता जहानाबाद में तैनात बाडन, अउर बिहार पुलिस के एगो सिपाही के आर्थिक हैसियत केहु से छुपल नइखे जे अपना बेटी के अच्छा इलाज करा पावे।

आकाशवाणी के "बी" ग्रेड कलाकार, पटना विश्वविद्यालय से संगीत में स्नातक, दिल्ली विश्वविद्यालय से एमए अउर एम.फिल करे वाली अंशु कैरियर में एगो मुकाम हासिल करे का ओर अग्रसर रहली, ताले जिन्दगी उनका के एगो अइसन मोड़ पे लाके खड़ा कइ देहले बा जहाँ उनका सुर के गूंज एगो गुमनामी के अँधेरा में खो जाये का ओर अग्रसर बा, लेकिन उनकर सुध लेवे वाला केहु नइखे। दिल्ली के नेशनल स्कूल ऑफ ड्रामा, श्रीराम सेंटर अउर बाल भवन के खुला प्रांगण में जिनका गायकी के हजारों कद्रदान रहले, बिहार अउर भोजपुरी से जुडल हर संस्था उनका के अपना महफ़िल में गवा के खुद गौरवान्वित होत रहे, जमशेदपुर में आयोजित ऑल इंडिया यूथ फेस्टिवल जहाँ नाना पाटेकर भी शिरकत कइले रहलन... हर जगह, हर मंच पर बिहार आ भोजपुरी के मान बढाये वाली अंशु के खोज खबर लेबे वाला आज केहु नइखे।

एह छोट जिनगी में अंशु सफलता के उ दौर भी देखले बाड़ी, जब उनका गायकी की तारीफ करे वालन में बिहार के राज्यपाल से लेकर प्रधानमंत्री डॉ. मनमोहन सिंह की पत्नी गुरुशरण कौर अउर पूर्व राष्ट्रपति एपीजे अब्दुल कलाम तक रहलन। सिंधु दर्शन के दौरान लद्दाख में लालकृष्ण आडवाणी के सामने अंशु आपन लोक गायिकी प्रस्तुत कइले रहली, शायद अब उ केहु के भी नइखे।

दोसर लइकियन नियन अंशु भी अपना परिवार के बात मनली, माई-बाबुजी के मर्जी से शादी कइली। दिल्ली, पटना के छोड़ के रांची में बसे के फैसला लिहली, लेकिन किस्मत के ई मंजूर ना रहे। ससुराल में रियाज के माहौल ना रहे, शादी के बाद प्रेगनेंट हो गइली। ओही समय ऊ खासा डिप्रेशन में आ गइली, अउर बच्चा पैदा भइला के साथ-साथ किडनी में प्रॉब्लम आ गइल। एतना सब कुछ भइला के बादो जिंदगी काटत गइली, घुट-घुट के जीयत रहली, लेकिन कबो आपन दर्द माई-बाबुजी के ना बतवली। पिछली जनवरी-फरवरी में ऊ दोबारा प्रेगनेंट हो गइली। पति अबॉर्शन कराये खातिर दवाई के हार्ड डोज दे देहलन, जिनसे उनकर किडनी खराब हो गइल। आखिरकार आपन हालात के बयान करे खातिर मजबूर हो गइली, अउर अब, जब शरीर साथ नइखे देत, तब ससुरालवाला लोग भी आपन पल्लू झाड़ लिहल। जवन पति तीन साल पहिले अग्नि के सामने सात जन्म तक जीये-मरे के कसम खइले रहे, उहो सबकुछ भूला गइलस, अउर अंतत: अंशु से मुंह मोड़ लिहलस।

अंशु के आवाज में मैथिली में 'प्रिय पाहुन" नामक कैसेट भी निकल चुकल बाटे। बिहार उत्सव में अपना गायकी के जलवा देखावे वाली अंशु एनसीसी की 23वें बटालियन में भी रह चुकल बाड़ी। मानव संसाधन विकास मंत्रालय से 2009-10 में स्कॉलरशिप पा चुकल अंशु सैकड़न गो स्टेज शो कर चुकल बाडी। ना जाने कवना-कवना शहर में उनकर केतना कद्रदान बाडे, जइसहीं ऊ स्टेज पर आवत रहली, तालियन के गड़गड़ाहट शुरु हो जात रहे। अउर ओकरा बाद जवन समां बंधत रहे, ओकर दोसर मिसाल मिलल मुश्किल बा।

दिल्ली शहर में पढे आ कमाये के अरमान हर केहु के होला, लेकिन ओह में से केतना लोग आपन पहिचान बना पायेला? फेर, एतना उँचाई पर पहुँचला के बाद अगर केहु अपना माटी का ओर लउटता, त का ओकर हश्र अंशु नियन होई? कहल जाला कि गणितज्ञ वशिष्ठ नारायण सिंह के तबीयत खराब भइला पर उनकर पत्नी उनकर साथ छोड़ दिहले रहली, अउर अब अंशु के साथ उनकर पति छोड़ दिहले बाडन। का एगो औरत एही लेखां अपना अरमानन के बलि देत रही? का एह लइकी के हालात के जिम्मेदार अउर ओकरा के जिंदगी से मरहूम करे वालन के सजा ना मिले के चाहीं? ओकर एह हालात के जिम्मेदार के बा, आ ओह लोगन के सजा के दी?

का खाली पइसा के अभाव में अंशु के जिनगी अइसहीं गुमनामी के अँधेरा में खो जाई? का उनकर आवाज फेर कबो एह देश आ दुनिया के मंच पर गुंजी? सवाल सोचनीय बा, लेकिन अपना बिहार के एगो बेटी के बचाये खातिर हमनी का रउआ लोगन से निहोरा कर तानी कि अगर संभव होखे, त अंशु के इलाज खातिर सहयोग भेजीं। अपना बेटी के बचाये खातिर समाज कम से कम एतना त कइये सकेला।

आपन सहयोग राशि रउआ उनकर या उनका बाबुजी के अकाउंट में जमा करा सकेनी:
Anshu Mala, Account No. 30356321958, State bank of India, Delhi University North Campus, New Delhi
Ishwaranand Jha, Account No 10839147877, State Bank of India, Patna Sachivalaya Branch, Patna

मानवता से बढ के कवनो धर्म ना होला। आईं, अंशु के बचाये खातिर एगो हाथ बढावल जाव।
(विनीत उत्पल/ सहारा समय के सहयोग से)

 

Views: 193

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on July 1, 2011 at 3:46pm

सब केहु प्रनाम आ जय भोजपुरी

 

अईसे त 100 दु स चार स पान स हेने होने खर्चा हो जात होई , आजु जरुरत बा की वोह मे तनकी सा बचा के अंशुमाला खातिर , एगो माटी के कलाकार खातिर , एगो अईसन कलाकार खातिर जवन माटी के खुशबु सगरे ओरि फईलवलस ओह लईकी खातिर कुछ सहायता कईल जाउ ।

इंसानियत के नाते बिहार भोजपुरिया आ मैथिली , मगही के माटी खातिर आई सब भाई बहिन घर परिवार मिल के अंशुमाला खातिर जुटल जाउ कुछ सहायता कुछ आर्थिक सहायता अंशुमाला के कईल जाउ !

 

आ संगे संगे भगवान से प्रार्थना कईल जाउ की अंशुमाला के उपर वाला नीमन करस जवना से उ फेरु एक हाली दुनिया जहान मे बिहार , मैथिली आ भोजपुरी के नाव चमकावस !

 

आई मय आदमी मिल के अंशुमाला के सहायता कईल जाउ !

 

जय भोजपुरी

Comment by Pankaj Praveen on July 1, 2011 at 3:46pm
हम अपना तरफ से यथासंभव मदत भेजला के साथ प्राथना करत बनी की अंशु जी के तबियत में जल्द से जल्द सुधार आवे...

प्रवीण
Comment by Sanjay Kumar Mishra on July 1, 2011 at 4:00pm
bhagwan karasu ki anshu ji jald se jald thik hoke humani ke bich me phir se chakasu aur gawase bhagwan unka ke jald se jald thik karasu
Comment by Sudhir Kumar on July 1, 2011 at 4:05pm

हम भी आज कुछ सहयोग भेजब। हम त कहब कि हर केहु के आगे आके सहयोग राशि भेजे के चाहीं। ई एगो अइसन लइकी के जिनगी के सवाल बा, जे हमेशा हमनी के संस्कृति के प्रचार-प्रसार कइले बाडी...

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on July 1, 2011 at 10:17pm

हम अबे कुछ पईसा भेजि के अईनी ह , आ हम उमेद ही ना विश्वास राखत बानी की रउवा सभ भी कुछ ना कुछ सहयोग करब एह बिहार के बेटी खातिर !

 

जय भोजपुरी

Comment by Admin on July 2, 2011 at 1:32am

जय भोजपुरी परिवार के सदस्य पंकज प्रवीण जी 1000/- रुपया भेजले बानी, उहाँ के धन्यवाद।

 

Comment by Admin on July 2, 2011 at 1:33am

सुधीर कुमार का ओर से 1000/- रुपया भेजल गइल बा, जेकर रसीद निचे देखल जा सकेला।

 

Comment by Mrs.Meera Trivedi on July 2, 2011 at 1:38am

Admin jee,kripya hamra batave ke kripa kareen ki unkar ilaj kaisan chal rahal ba. Ka ho rahal ba.

Ka oo dialysis par bareen agar han to kaun kisam ke dialysis ba

Peritonial ya machine?

Ka unka ke kidney transplant ke sochal ja rahal ba?

 Unkar Doctor ke baran unkar phone number ka ba?

Hamaar bahin ke transplanted kidney ba oo 4 saal paritonial dyalysis par rahaleen okra baad kidney transplant bahil 1998 men.

Kidney transplant bhee samasya ke hal naikhe par han ee problem management ba.

Hamaar bahin ke Mutthee bar bhar ke dawa khave  ke parela.

kripya hamra unkar doctor ke phone number deve ke kripa kareen.

ham bas paisa ke help na kare ke chahat banee. Ham nkar health ke condition ane ke icchuk banee . Ham facebook par Bihar Jharkhand association of Canada par bhee raur link post kaile banee. Ki kauno kuch help kare

Paisa ke khateer laikee ke jan na jave ke chahee

Unka ghar wala ke ee khabar de dee ki agar urin stop hokhe to turant emergency men le jave ke. Naheen to 24 ghanta ke zindhee bachal ba.

Comment by Admin on July 2, 2011 at 1:53am

जय भोजपुरी परिवार के वरिष्ठ सदस्य नवीन कुमार जी 10,000/- रुपया भेजले बानी, जेकर रसीद एहिजा देखल जा सकेला।

 

 

अभी तक कुल मिला के जय भोजपुरी परिवार के सदस्य लोग 12000/- रुपया के सहयोग राशि भेज चुकल बाटे। हमनी के आशा बा कि अउर सदस्य लोग भी आगे आई, अउर एह अभियान में बढ-चढ के हिस्सा ली।

 

Comment by Admin on July 2, 2011 at 2:30am
मीरा जी, हमनी के मिलल जानकारी के अनुसार अंशुमाला जी अभी पटना में अस्पताल में बाडी, अउर उनका बारे में ज्यादा जानकारी खातिर रउआ भोजपुरिया डॉट कॉम पर (पहिला पन्ना पे दाहिना ओर) वीडियो में उनकर समाचार देख सकेनी, जवन कि एगो टीवी चैनल पर आइल रहे।

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service