Come, let's do something for Bhojpuri...
सब केहु के प्रणाम आ जय भोजपुरी,
रउआ लोगन के सुचित कइल चाह तानी कि कुछ अपरिहार्य कारणवश जय भोजपुरी डॉट कॉम अगिला कुछ दिन ले संभवत: आंशिक/पुर्ण रुप से बंद रह सकेला। हमनी का अपना ओर से हर संभव प्रयास कइ रहल बानी, ताकि एह समस्या के टालल जा सके, लेकिन अब ले कवनो उपाय नइखे लउकत। चूंकि रउआ भी जय भोजपुरी परिवार के एगो महत्वपुर्ण सदस्य हईं, ओह से ई जानकारी रउआ के दिहल जा रहल बाटे।
संकट के एह घडी में राउर साथ हमनी खातिर महत्वपुर्ण बा, अउर हमनी के आशा बा कि बहुत जल्दिये सारा समस्या के निदान होई, अउर ई साइट एगो नया कलेवर में रउआ लोगिन के सामने आई।
राउरे आपन,
एडमिन
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on September 27, 2012 at 8:10pm एडमिन जी प्रनाम आ जय भोजपुरी
संकट के एह घडी मे हम रउरा संगे बानी , नीमन बाउर सब जिनगी मे देखे के मिलेला आ ओह से निपटे खाति मय आदमी के संगे चले के परेला आ हम इहे बिनवत बानी की जल्दिये ई संकट के घरी टरि जाई ।
आ एह साईट के नया कलेवर मे देखे के इंतेजार रही ।
जय भोजपुरी
Comment by अभिनन्दन गुप्ता on September 27, 2012 at 11:04pm edmin ji parnam aa jai bhojpuri |
kavano bhi samasya hoi ta hamani raua ke sath bani|
jai bhojpuri .com hamara ke bahut kuch sikhavale ba
bahut kuch milal ehija se hamara |ta ham harmesha raua
sath bani aa bagwan se prarthana ba bahut jald niman fir milo |
jai bhojpuri jiya bhojpura |
raur apan sanjay pandey
Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on September 29, 2012 at 11:40am एडमिन जी प्रणाम ,
Comment by शशि कुमार सिंह (SHASHI) on September 29, 2012 at 12:06pm प्रणाम जय भोजपुरी,
जान के बहुत दुःख भैइल,सुख दुःख त आवत जात रहेला आ हर समस्या के समाधान भी होखेला ,
जैसे की राजीव भईया कहनी ह .३ दिसम्बर के कार्यक्रम के बाद एह विषय पे चर्चा कैल जाव ओहिजे से निष्कर्ष तक चन्हुपल जाई !
संकट के एह घडी मे हम परिवार के संगे बानी
जय भोजपुरी
Comment by संजीव सिंह on September 29, 2012 at 12:37pm एडमिन जी प्रनाम,
गरहण त सूरूज भगवान पर भी कुछ देर तक ले लाग जाला...।
ऐह संकट के घडी मे हम रउआ संगे हमेशा ठार बानी। विश्वास करी ऐह संकट से हमनी जरूर पार पाऐम सन।
जय भोजपुरी
Comment by sanjay kumar singh on September 30, 2012 at 7:05pm एडमिन जी प्रणाम ,
परिवार के एगो बेटा अपना रहते आपन घर ढहे ना देला । एह घर में हंसे खेले बोलेवाला हजारन गो संतानन के रहते एह घर पर कवनो संकट नैखे आ सकत । अगर आइबो करी त टिक नैखे सकत । संकट के एह घडी में हम रौवा साथे बानी । निश्चित रूप से ई समस्या हमनी के इच्छशक्ति आ एकजुटता के सामने ना टिकी ।
जय भोजपुरी
Comment by Brij Kishor Tiwari on October 1, 2012 at 1:45pm jai bhojpuri aa pranaam ADMIN jee ..............
.
kuchh bujhaat nayikhe ki eh blog par kaa likhi ..............
bhagwaan se ihe prarthnaa baa ki ........jawan bhi musibat hokho ....tar jaao ..........
aa jawan maksad leke chalatani .....oh me kaamyaab hokhi .... ..........
.
.
jai bhojpuri ..........
Comment by Bishwajit yadav on October 4, 2012 at 9:57pm Comment
© 2013 Created by Admin.
You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!
Join JaiBhojpuri.com