JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

आईं, एगो जरुरतमंद के सहायता कइल जाव...

जी हाँ, हम बात कइ रहल बानी हमनी के आपन शशि रंजन जी के, जवन के जय भोजपुरी डॉट कॉम के एगो सक्रिय सदस्य बानी। एगो बढिया साहित्यकार त उहाँ का रहबे कइनी ह, लेकिन आज उहाँ का कुछ अइसन कह देहनी ह, कि उनका प्रति हमरा मन में श्रद्धा कइ गुना बढ गइल ह।

रउआ के याद होई कि शशि रंजन मिश्र जी के व्यंग्य के जनवरी महीना के भोजपुरी लेखन प्रतियोगिता में पहिला स्थान मिलल रहे, आ ओकरा खातिर उनका के 1001/- रुपया नकद के इनाम भेजे के भी बात रहे। आज, जब हमनी का उनका से उनुकर बैंक अकाउंट के डिटेल मँगनी ह, त ओकरा जबाब में एगो ई-मेल आइल ह। ओह ई-मेल में शशि भाई लिखले बानी कि ऊ पुरस्कार के राशि ना लिहें, काहें कि साहित्य सेवा कवनो पुरस्कार के ना, बल्कि सिर्फ नाम आ पहिचान के मोहताज होला।

ओकरा बाद उहाँ का जवन लिखले बानी, ऊ देख के हमार दिल द्रवित हो गइल। उहाँ का कहले बानी कि अगर संभव होखे त उनकर पुरस्कार राशि एगो जरुरतमंद के भेज दिहल जाव। आ जरुरतमंद का तौर पर शशि भाई एगो नाम भी सुझवले बानी - श्याम वैद्य। श्याम वैद्य जी बिहार के गया जिला के रहे वाला हईं अउर गला के कैंसर से पीड़ित बानी। उनकर कैंसर आखिरी स्टेज में बा, अउर डॉक्टर सब जबाब दे देले बाडे सन। रांची के एगो प्राइवेट फर्म में ऑफिस बॉय के रूप में काम कइ रहल श्याम जी के परिवार में उनुकर पत्नी अउर दूगो छोट नाबालिग बच्चा बाडे सन। श्याम जी के परिवार में उनका छोड के केहू अउर कमाये वाला नइखे।

शशि जी उनकर संगी-साथी लोग मिल के उनका परिवार वालन के भविष्य खातिर धन जुटा रहल बाटे। शशि जी निहोरा कइले बानी कि उनुका द्वारा जीतल इनाम के राशि श्याम जी बैंक अकाउंट में भेज दिहल जाव, जवन कि निचे दिहल बाटे:

Shyam Saroj Baidya
A/C No. 01501050021923
HDFC Bank, Lalpur, Ranchi

हमनी का शशि जी से वादा कर तानी कि ई राशि यथाशीघ्र श्याम जी के बैंक अकाउंट में भेज दिहल जाई, अउर हमनी का चाहब कि जय भोजपुरी डॉट कॉम के बाकी सदस्य लोग भी एह अभियान में हाथ बढाव। राशि के कवनो बंधन नइखे, रउआ कवनो राशि सीधे एह बैंक अकाउंट में भेज सकेनी। बिहार के एगो गरीब आ अभावग्रस्त परिवार के मदद खातिर अगर हमनी का सामने ना आयेब जा, त के आई? आईं, पीडित मानवता के सेवा कइल जाव...

Views: 53

Tags: अभियान, जय, भोजपुरी, सहायता

Comment by Sudhir Kumar on March 24, 2010 at 5:22pm
शशि जी, हमरा खुशी भइल कि रउआ एह तरह के काम में लागल बानी. हमनी के समाज हमेशा से अइसन लोगन के सहयोग खातिर आगे आइल बा. हम भी एह बैंक अकाउंट में काल्ह 501/- भेज देब. रउआ के फिर से धन्यवाद, हमनी के आपन कर्तव्य याद दिलाये खातिर...
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on March 24, 2010 at 5:25pm
एडमिन जी धन्यवाद एह जानकारी के एजुगा पोस्ट करे खातिर , आ धन्यवाद बा शशि भाई के जे एह बात के हमनी के सामने रखनी हा।


हमार एगो निहोरा बा की , का अगर पईसा वेस्टर्न युनियन से भा यु ई एक्सचेंज से Shyam Saroj Baidya के नाम पे भेजल जा सकेला ?

अगर हो सके त एह के कंफर्म कई दी , काहे कि हमरा एक्सचेंज से पईसा भेजे मे आसानी रही ।


अगर ई काल्हु ले मिल जाई त हम परसो सुबह मे पईसा भेज देब ।


एक बार फेरु से धन्यवाद , आ हम त कहब कि अगर अईसन कवनो बात अगर बा त हमनी के आगे आ के एजुगा राखे के चाही जवना से जरुरत मन्द के सहायता हो सके ।


एक बार फेरु से धन्यवाद ।


जय भोजपुरी
Comment by Mantu Singh on March 24, 2010 at 5:34pm
बहुत बहुत धन्यवाद बा शशि भैया के इ बात हमनी के साथे शेयर करे खातिर

आ हम बहुत ही शुक्र गुजार बानी जय भोजपुरी के Admin G के जे एह तरह के मुद्दा के ब्लॉग में ले के आईल बानी
अब जवन हमनी के फ़र्ज़ बा वोकर के पूरा करे के समय आ गईल बा

जय श्री राम
जय भोजपुरी
Comment by Admin on March 24, 2010 at 5:38pm
नवीन जी, पइसा शायद वेस्टर्न यूनियन से भेजे में दिक्कत होई, काहें कि ओह में पाये वाला के खुद लेवे के जाये के पडेला, आ एह हालत में शायद ऊ ना जा पइहें पइसा लेवे. अगर रउआ चाहीं त नेट-बैंकिंग के द्वारा ट्रांसफर कइ सकेनी, या फिर रउआ हमनी (वेबसाइट प्रबंधन) के सहायता राशि भेज सकेनी, हमनी का ओकरा के उनुका अकाउंट में भेजला के बाद, ओकर रसीद एहिजा पोस्ट कइ सकेनी जा...
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on March 24, 2010 at 5:41pm
एडमिन जी फेरु हम रउवा किहा ही भेज देत बानी , आ हम वोह पईसा के रशीद एजुगा पोस्ट कई देब ।


धन्यवाद एक बार फेरु से ।

जय भोजपुरी
Comment by sanjay kumar singh on March 24, 2010 at 6:35pm
एडमिन जी ,
प्रणाम !
बहुत- बहुत धन्यवाद शशि जी के पहल के हमनी तक पहुँचावे खातिर | हम यथाशीघ्र सम्बंधित बैंक खाता में मदद - राशि भेजब |

भगवान् से हम इहे प्रार्थना करब कि उ कवनो ऐसन चमत्कार करस कि वैद्य जी के साया उन्हा के परिवार पर हमेशा बनल रहे |
Comment by Brij Kishor Tiwari on March 24, 2010 at 8:10pm
जय भोजपुरी .........ADMIN JEE .................

बहुत बढ़िया बिचार बा .............
हम इहा जरूरतमंद लोगन के मदद करत रहेनी .........
गरीबन के पढाई लिखाई ,शादी वियाह, आ बीमारी में ..........
हमार शुभकामना , आ प्रार्थना बा उनका खातीर, भागवान से,
उनका के जल्दी से ठीक करस ............

जय भोजपुरी ....................
Comment by jitendra rs chauhan on March 25, 2010 at 2:12am
बहुत बहुत धन्यवाद बा आडमिन जी , शशि भैया..

आज हम लोग के अगर एक दूसरा के मदद बा काइल जाई त के करी ????

आडमिन जे बताई कि रऔर प्रबंधन के पास भेजलखातिर का पता बा....
आज हो सके त बता दी...कल सुबेरे ही पैसा भेज देम ...

भगवान से यही प्रार्थना बा कि उनका से सही सलामत उनका घरे परिवार मे पहुँचा दी...

जय भोजपुरी
Comment by jitendra rs chauhan on March 25, 2010 at 11:06am
आडमिन jee बताई कि रऔर प्रबंधन के पास भेजल खातिर का पता बा.... ????????

हो सके त बता दिहि ......
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on March 25, 2010 at 11:14am
जितेन्द्र भाई प्रणाम आ जय भोजपुरी

अगर वेस्टर्न युनियन से भा यु ए ई एक्सचेंज से भेजब त सुधीर कुमार , जमशेदपुर पे भेज दी , आ उनुका के हउ नम्बरवा दे दी ( मैसेज कई दी ) अगर चाही त हम सुधीर जी के नम्बर दे देब ।


हमहु ओइसही भेजे वाला बानी आ काल्हु ना त फेरु शनीचर के भेजब ।


रुकी हम रउवा के फोन कई लेत बानी ।


जय भोजपुरी

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service