JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

इ इन्टरनेट के दुनिया ,

इ इन्टरनेट के दुनिया ,
बड़ा सतावेला
कबो हसावेला
त कबो रुलावेला ,


ऑनलाइन होखते ही
संसार अपना अंगूरी पर
लागे नाचे,
कोई हाय हेल्लो में
लगी जाला,
कोई ईमेल से
चिठिया बाचे.

निंदिया के उड़ावेला इ
आदत भी बिगाड़ेला
इ इन्टरनेट के दुनिया ,
बड़ा सतावेला
कबो हसावेला
त कबो रुलावेला,

एकरा संगे लागे
कबो कबो की
मुट्ठी में हो गइल दुनिया
अनजान भी अपन लागे
सब नेह प्रीत में
जिए लागे दुनिया

लेकिन जे कनेक्शन
कटी जाला त
औकात बतावे ला
इ इन्टरनेट के दुनिया ,
बड़ा सतावेला
कबो हसावेला
त कबो रुलावेला,

Views: 4

Comment by s. chauhan on December 21, 2009 at 3:24pm
बहुत बढ़िया राऊर चित्रण कईले बानी... ई इंटरनेट के दुनिया
Comment by ABHA SINHA on December 21, 2009 at 3:30pm
I am addicted.
सही कहनी आदत बिगाड़ देले बा internet
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on December 21, 2009 at 3:54pm
बहुत सही टीम एड्मिन जी ।


रउवा त गरदा मचा सकेनी एह बात के जानकारी हमरा आज भईल ।


बहुत बढिया लिखनी रउवा आ हमार त हाल रउवा सब देखते बानी ।


लेकिन बहुत बढिया रचना बनल बा ई ।

जय भोजपुरी एगो भोजपुरिया
Comment by Sudhir Kumar on December 21, 2009 at 4:22pm
निंदिया के उड़ावेला इ
आदत भी बिगाड़ेला
इ इन्टरनेट के दुनिया.


वाह, ई दर्द हमरा से बेसी के बुझी... 16-18 घंटा रोज ऑनलाइन रहेनी... बहुत बढिया... एकदम अलग हट के.
Comment by Sunil Gupta on December 21, 2009 at 4:43pm
Team Admin jee.........

Bahut sahi likhale bani. aaj hum aap ke batawat hae jab se hum jai bhojpuri join
kaeli tab se roj visit kari la .jai . na visit kaela par lage la ki kuch
hera gael ba.

Jai bhojpuri..................
Comment by sanjay kumar singh on December 21, 2009 at 5:05pm
सारी दुनिया मुट्ठी मे लेके,
हमणि के ज्ञान बढ़ावेला,
धन्य बा इंटरनेट के दुनिया,
raato ke nind udavela.
Comment by Mantu Singh on December 21, 2009 at 6:22pm
bahut badiya
Comment by mrs. saroj on December 21, 2009 at 7:19pm
वह वह वह ,आदमीं जी
बिलकुल सही बखान किले बानी इन्टरनेट के ............ई छन में हजारो लोग से मिला देला और छन में सबसे जुदा भी कर देला ........बहुत सही "बाकिर इ नेट ,
करावत बा बढ़िया लोग से भेट ,
बहुत खूब
जय भोजपुरी

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service