Come, let's do something for Bhojpuri...
बहा त पिरितिया के, फिर से बयार हो,
आइले हैं जबसे, संवरिया हमार हो,
नाही चाही चूड़ी हमके, नहीं चाही कंगना,
तुही बाटा बिछुआ, पायल, तुही त श्रंगार हो।.
जबसे तू गईला हमके, छोड़ी के विदेशवा,
सूना पड़ल साजन, अंगना दुआर हो।.
केकरा से हाल कहती, केसे दिल के बतिया,
भावे नाही गाँव, टोला, नाही संसार हो।.
दुल्हिन बना के हमके, कहिया ले जईबा,
आइहैं लेके डोली, कहिया कहार हो।.
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on October 29, 2012 at 8:36am अनिता जी प्रनाम आ जय भोजपुरी
बहुत सुनर आ बडा नीमन से एह रचना के अपना मन के भाव से रचले बानी ।
बेजोड ।
जय भोजपुरी
anita ji jai bhojpuri aa parnam |
bahut sunnar rachana sringar ras se bharpur \
bahut bahut dhanyavad aur bhejat rahi |
jai bhojpuri |
Comment by sanjay kumar singh on October 29, 2012 at 11:19am अनिता जी प्रणाम ,
गजब के भाव आ शब्दन के बेहतरिन संयोजन...एगो जबरदस्त गीत.....
जय भोजपुरी
Comment by Shyam Narain Verma on October 29, 2012 at 12:10pm
Comment by Brij Kishor Tiwari on October 29, 2012 at 5:59pm .
बहुत आशीर्वाद ,साधुवाद आ धन्यवाद
एगो तुकबंदी जोड़ के ..........
सबका खातिर लागू बा, ई कुल बतिया तहार हो
चाहे होखस बालम सावर, चाहे ....गोर-नार हो
वाह... लाजवाब रचना .....
बहुत बहुत धन्यवाद, नवीन जी, संजय जी, नारायण जी, रूद्र जी अऊर ब्रिज भईया .. इतना दिन से गायब रहले खातिर माफ़ी चाहा तानी।. लेकिन अब अईसन न होई, इ त हमार घर बा।. कहियो न छूटी ...
ब्रिज भैया, तोहार तुकबंदी त हमरे गीत से भी चार कदम आगे बा। बहुत सुन्दर।
Comment by Umesh Gautam on October 31, 2012 at 8:03pm
Comment by Ajeet Shrivastva on November 1, 2012 at 7:44pm very good
Comment
© 2013 Created by Admin.
You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!
Join JaiBhojpuri.com