JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

आँखी मेँ से लुती चुए , रोए बाता बाता ।

कतना महँगाई कइ देल ए बिधाता ।।

सोनिया जी के राज मेँ त अरु जहुआईल बा ।

मए मनमोहिनी मुसुकिए भुलाईल बा ।।

बाबा बाजपेई कहाँ भईल नापाता ?

कतना महँगाई कइ देल ए बिधाता ।।

रोटी बा त दाल नाही , दुनो ना भेटाता ।

सब्जी किने जानी जब त माथा चकराता ।।

बाबा मनमोहन , ताहार चालु ना सोहाता ।

कतना महँगाई कइ देल ए बिधाता ।।

ताहारा ना पिज्जा भावे , रुचे नाही छेना ।

हमनी गरीबवनी के ,कइल दुलम चबेना ।।

करी का बिरोध केहुँ ,गोड़ लड़खड़ाता ।

कतना महँगाई कइ देल ए बिधाता ।।

तहरा सँघतियन के बड़े बड़े खेला ।

एके हाली कर लोग करोड़ो के झमेला ।।

एहिजा त बच्चवन के दुधोँ ना भेटाता ।

कतना महँगाई कइ देल ए बिधाता ।।

तह लोग के कुकुर लक्स डभ से नहाला ।

हमनी के लाइफबाँय दु महीना जाला ।।

सउसे जमीन ,अब बढेरा के दिआता ।

कतना महँगाई कइ देल ए बिधाता ।।

कुरुसी रखैल बनली , चोर पाँकेटमार के ।

आगी लागे , बजर परे अइसन सरकार के ।।

बिगुल बजाव ! मन बड़ी खिसीआता ।

कतना महँगाई कइ देल ए बिधाता ।।

Views: 63

Tags: ., उमेश, कविता, गौतम, महँगाई

Comment by Anoop Srivastava on October 19, 2012 at 11:05am
बहुत नीमन लिखले बानी उमेश जी ..... एकदम मँहगाई के दरद से निकरल कराह बा राउर ई रचना .... बहुत बढ़ियाँ ...तनी अउरी कराहल चाहत रहे ...जय भोजपुरी ।
Comment by Anoop Srivastava on October 19, 2012 at 11:05am
बहुत नीमन लिखले बानी उमेश जी ..... एकदम मँहगाई के दरद से निकरल कराह बा राउर ई रचना .... बहुत बढ़ियाँ ...तनी अउरी कराहल चाहत रहे ...जय भोजपुरी ।
Comment by Umesh Gautam on October 19, 2012 at 3:33pm
अनूप भैया , प्रणाम । राउर प्यार खातिर आभारी बानी । राउर आदेश के पालन क देनी आ एह कविता के दु पद अरु बढा देनी । जय भोजपुरी ।
Comment by Manoj Kumar on October 20, 2012 at 10:29am

उमेश भाई,

बहुत खूब!

 

जय भोजपुरी

Comment by Umesh Gautam on October 20, 2012 at 10:58am
मनोज भैया , प्रणाम । आभारी बानी । धन्यवाद ।
Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on October 20, 2012 at 6:30pm

bahute niman umesh ji 

jai bhojpuri !

Comment by Umesh Gautam on October 21, 2012 at 12:01pm
धन्यवाद , चाचा जी ।

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service