JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

कुआरी नवरातरा के सुभ अवसर पर भोजपुरिया भाई सब के भलाई खातिर हम

‘‘दुरगा दुहाई’’ के उपहार भेज रहल बानी। ये दुरगा दुहाई के नव दिन के बदला

में येक्को दिन जे सरधा से पाठ कऽ ली ओके दुरगा जी के किरपा जरूर

भेंटा जाई हमरा बिसवास बा।

.....

दोहा-

दुरगा जी के दुरुग हऽ
बोले जे संसार।
जीव रहें ये किला में
उनके मन अनुसार।।
काली लछमी सुरसती
बोलें उनके अंस।
जे रच-रच पालन करें
अउर करें बिधवंस।।
.....
जय भोजपुरी
जय भोजपुरिया

.....

लिंक:- दुर्गा दुहाई (भोजपुरी)- व्रतराज विकल

Views: 92

Tags: दुर्गा, दुहाई, भोजपुरी, विकल, व्रतराज

Comment by sanjay panday on October 17, 2012 at 11:12am

guru ji god lagile |

pahile navratri ke parnam swikar kari \

mai raur jiwan akhandjyoti lekha chamakawalwe rahe |

durga duhai padhani ha harmesha lekha bahut sunnar lagal |

hamani ke bhag je raua bheta gaini harmesha kuch niman

mil jala |javana ke badai sabsd sima se bahar ba |

raur asahi kirpa banavale rahi | ek bar fir se parnam swikar kari |

jai bhojpuri |

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on October 19, 2012 at 12:07am

गुरुजी प्रनाम आ जय भोजपुरी 

जय हो दुर्गा माई के जय हो ! 

भोजपुरी मे माई के महिमा , भोजपुरी साहित्य मे डुबल माई के महिमा ,, दिल के छु गईल । 

डाउनलोड कई ले ले बानी । 

जय भोजपुरी 

Comment by Manoj Kumar on October 19, 2012 at 4:56am

गुरुजी प्रणाम आ जय भोजपुरी

नवरात्री के एह पावन अवसर पर दुर्गा दुहाई के उपहार बेजोड रहल.

बहुत-बहुत धन्यवाद आ जय भोजपुरी.

Comment by Anoop Srivastava on October 19, 2012 at 11:07am
गुरु जी प्रणाम, गोड़ लागत बानी,
नवरात्रि में राउर आशीर्वाद स्वरूप उपहार सहियो लाजवाब बा .....जय भोजपुरी ।
Comment by संजीव सिंह on October 19, 2012 at 1:38pm

गुरू जी प्रनाम,

बहुत बहुत आभार बावे राउर ऐह दुर्गा दुहाई खतिरा...। हम ऐकर पाठ कईल शूरू क देले बानी।

जय भोजपुरी

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service