JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

जाँच के आंच कभी ना आई, आपन बा सरकार हो /

सासु जी के चाटुकार  लोग आपन धर्म निभाई लो,
आ आ के  T V पर रोजे आपन तर्क सुनाई लो,
केहू कही घोटाला कईसन, कईसन गड़बड़झाला,
अबकी पक्का P M  बनिहे जीजा के साला,
पूरा जाँच समिति इनकर  बाटे मददगार हो 
चलता देश अभी जहवा से उहवे बा ससुरार हो //
 
देश के मंत्री खईले भईया बैसाखी के पईसा,
सोच सोच ठीक से सोच भ्रष्ट तंत्र बा कईसा,
जेकर पैर ख़राब बा ओकरा मिलल कान के आला, 
सांच दबावे खातिर झूठ के जोर से होता हाला   ,
एह पर अंकुश कईसे लगी गुंग बहिर सरदार हो
 
रघुवंशी का करब लिखी के, लिखल सब बेकार हो
चलता देश अभी जहवा से उहवे बा ससुरार हो //
 
आम आदमी  

Views: 49

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on October 18, 2012 at 11:55pm

रुद्रप्रताप जी प्रनाम आ जय भोजपुरी 

बहुत बेजोड आ जबरजस्त लिखनी ! बहुत बेजोडे व्यंग्य आ सांच , बहुत सटीक लिखनी । 

जय भोजपुरी 

Comment by Anoop Srivastava on October 19, 2012 at 11:16am
भाई जी प्रणाम आ जय भोजपुरी,
ससुरार/सरकार में फइलल भ्रष्टाचार पे नीमन आ सटीक प्रहार कइले बानी रउआ ए रचना के जरिए ..धन्यवाद आ जय भोजपुरी ।

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service