JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

साल भर से भईल सपनवा , सैंया एक झलक दिखा जा हो ।

सूना बा कबसे भवनवा , बलम अब दिवाली पर आजा हो ।
साल भर से भईल सपनवा , सैंया एक झलक दिखा जा हो ।
होली पर कहल जरूर हम आयब , तोहरा के अपना रंग में डूबायब ।
रंग रंग के साड़ी ला के , अपना हाथ से हम तोहके सजायब ।
करत इंतजार बीतल होली , अबो से आके समझा जा हो ।
सूना बा कबसे भवनवा , बलम अब दिवाली पर आजा हो ।
सावन में आवे के कहल , बीतल भादो तहरा असरा में ।
आवे ना पवनी पाती भेजल , सुनी हियरा लागल तोहरा में ।
अब दशहरा आयल सजन , आके मेला घुमा जा हो ।
सूना बा कबसे भवनवा , बलम अब दिवाली पर आजा हो ।
जस जस दिवाली नियरायल , तोहरा से मिले के हियरा धधायल ।
टिकट कराके डेट बताद , तोहरा बिना मनवा मरुवायल ।
वर्मा कब से असरा लगवनी , सैंया जी अब असरा पुरा जा हो ।
सूना बा कबसे भवनवा , बलम अब दिवाली पर आजा हो ।
श्याम नारायण वर्मा

Views: 23

Tags: !, गीत

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on October 18, 2012 at 10:28pm

नीमन बा 

Comment by Anoop Srivastava on October 19, 2012 at 11:20am
बहुत बढियाँ श्याम भाई जी,
होली बाँव चलि गइल त का भइल दीवाली नाही जाए के चाही ... आ छुटिया पूरा छठि के बाद लेके होखे के चाही ...जय भोजपुरी ।

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service