Come, let's do something for Bhojpuri...
सब केहू के प्रणाम,

गोली, गुल्ली,चिक्का,हमजोली,
आईस बाईस, कबड्डी आ रंगोली,
ओका बोका,चोर सिपाही, ठिठोली,
लेमचुस, फोचका, फोंफी, घुघुनी,
जिलेबी, रसगुल्ला, लकठा, चटनी,
लिट्टी, भूंजा, सतुवा, भभुरी,
नहरी, पायल अउर पनिहारी ,
चउका, खेती आ फुलवारी,
हंडिया, दिया अउर कुम्हारी,
कमलवतिया , सन्मतिया आ उनुकर महतारी,
कलुआ.भलुआ आ भउजी के नयना कजरारी,
घेंवड़ा , कद्दुवा , कटहर के तरकारी,
मेंढ़, बेंग, खेत आ अंगा,
चाउर, गेंहू, रोपनी के हुरदंगा ,
यमुना, गंडक, सोन आ गंगा,
घोनसार, पंचायत, चउपाल,
इमली, पिपर, निमिया के डाल.
चरखा, तकुवा, सुतरी के जाल,
रामलीला , नौटंकी, नाच के बाजा,
खजुली, लड्डू, खाजा,आ बतासा,
दुलहिन सकुचाईल , दुलहा के जनवासा,
मडई, पलानी, खपड के छप्पर,
अजान, प्रेयर, गंगा के हरहर,
सेवई,दूध आ दही के सिकहर,
नोनिया, कनिया आ चुरहारिन,
चमइन , धोबिन आ ठकुराईन,
ग्वालिन,महरी आ धोबियाईन ,
एक एक कर के सहसा सब इयाद के कोना में आईल,
अजनबी भईल उ अतीत जब फेर से दिल में समाईल,
वर्तमान के शुन्य में, जब सुनहरा पुरान उ अमाईल,
फेर से झुमल मन दिल में पूरनमासी तब छाईल.
जय भोजपुरी
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on September 26, 2012 at 11:12pm आशुतोष भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी
जबरजस्त ! बहुत बेजोड लिखनी रउवा ! सांचो एक दम जबरजस्त पोस्ट ! शब्द नईखे एह शब्दन के सोझा !
साधुवाद
जय भोजपुरी
Comment by Brij Kishor Tiwari on September 27, 2012 at 2:02pm जय भोजपुरी आ प्रणाम आशुतोष जी ...
जबरजस्त ............एकदम खाटी ,माटी के बात ..........
.
.
जय भोजपुरी ...
bhaiya parnam a jai bhojpuri \
bahut hi niman bahut kuch yad par gail
bahut chiju bhula gail rahani |
bahut bahut dhanyavad |
jai bhojpuri
Comment by संजीव सिंह on September 29, 2012 at 1:29pm आशुतोष जी प्रनाम,
खाँटी शब्दन से रचल ई एकदम खाँटी रचना। बेहतरीन सामनजस भोजपुरी के शब्दन के अउर बढीया याद...।
अईसने होखे के चाही। अउर ऐही त याद करत रहे के चाही।
ढेर कुछ ना अपना के खाली अपना से जोडे राखे मे ई "इयाद" मुख्य भुमीका निभावे ला।
एगो बढीया प्रस्तुति।
जय भोजपुरी
Comment
© 2013 Created by Admin.
You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!
Join JaiBhojpuri.com