JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

जाग - जाग ए भईया जल्दी हो जाग - ३

जाग - जाग ए भईया जल्दी हो जाग - ३ 

जाग - जाग ए भईया जल्दी हो जाग 

जाग देख हो भइल केतना  बिहान बा 
भागी अन्हार अब दिल में गुमान बा  ,
बेटा भोजपुरिया के दिल में अभिमान बा ,
तन - मन - धन से जूता हो भईया  |
जाग - जाग ए भईया जल्दी हो जाग - ३ 
अहि अभियानवा  के जे भी बड़े  अगुवा 
जे भी बड़े अगुवा ,जे भी बड़े अगुवा 
उठ उनके कर अब स्वागत ए भईया 
जाग - जाग ए भईया जल्दी हो जाग - 3
बिदेसिया नाटक वा  के होई मन्चान्वा,
के होई मन्चान्वा,   के होई मन्चान्वा,
बेटी - बचवा से खुली सबके अखिया 
खुली सबके अखिया ,  खुली सबके अखिया 
उठ उनके कर अब नमन ए भइया 
जाग - जाग ए भईया जल्दी हो जाग - ३
भइया नवीन , प्रवीण ,राजीव ,ब्रिज भईया के अरमान वा ,
सब भोजपुरी भैयां के खुस भइले मनवा 
खुस  भइले  मनवा ,खुस  भइले  मनवा 
गावे जितेन्द्र देउवा , गाना ए भइया 
जाग - जाग ए भईया जल्दी हो जाग - ३ 

Views: 44

Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on September 23, 2012 at 4:37pm

जीतेन्दर भाई जी जय भोजपुरी ,

ओह दिन के इंतजार बा जब माई भोजपुरी के पुरान सम्मान मिली 
औरु एह  हवन कुण्ड में मय भोजपुरी भाषी आपना से आहुति दी 
विशेषतः धन्यवादी एह जय भोजपुरी परिवार के गठन करे वाला 
एडमिन जी के धन्यवादी !
बस जागत  रहे के काम बा औरु जगावत  रहे के काम बा सुनर रचना !
जय भोजपुरी जिहिं जा भोजपुरी !!
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on September 25, 2012 at 8:27am

जितेन्दर जी प्रनाम आ जय भोजपुरी 

जबरजस्त ललकार बा भाई , बेजोड लिखनी । 

सही बात बा अब ना जागल जाई त फेरु कब ! 

बहुत सुनर कविता ! 

जय भोजपुरी 

Comment by Ashutosh Ranjan on September 25, 2012 at 10:06am
जीतेन्दर जी प्रणाम,

बहुत बढ़िया ललकार....सुतल लोग के जगावे के प्रयास..बहुत सुन्दर रचना.

जय भोजपुरी
Comment by Anoop Srivastava on September 25, 2012 at 3:24pm
बहुत बढ़ियाँ भाई जी .....जय भोजपुरी ।
Comment by संजीव सिंह on September 26, 2012 at 12:05pm

बहुत बढीया लिखाईल बावे।

जय भोजपुरी

Comment by SUNIT KUMAR RAI on October 18, 2012 at 10:32am

बहुत बढ़ियाँ भाई जी

 

 

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service