JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

चुप ना होखे ला ललनवा ।

दूनों हाथ जोड़ी हम पईया पड़तानी ,
बात हमार मान हो स्वामी ।
आजु छोड़ी के जनी जा भवनवा ।
चुप ना होखे ला ललनवा ।
केनिओ से आवेल तोहरा पास जाला ।
जब ना देखे तोहके पइया हो जाला ।
तोहरा बिना गोदी में खेलाई के लाला ।
कब से मुन्ना रोई रोई करेला हाला ।
छोड़ आजु गाड़ी , बाद में जइह सजनवा ।
चुप ना होखे ला ललनवा ।
केतनो मनाईं मुन्ना ना मानेला ।
सगरे खेलवना छोड़ी तोहरे के जानेला ।
जब चली जाल रोज तोहके बोलावेला ।
तोहरा बिना साजन कुछउ ना भावेला ।
वर्मा कैंसिल कर अब घर रह सजनवा ।
चुप ना होखे ला ललनवा ।
श्याम नारायण वर्मा

Views: 26

Tags: Geet.

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on September 23, 2012 at 8:19am

नीमन लिखनी श्याम जी 

Comment by Ashutosh Ranjan on September 25, 2012 at 10:07am
श्याम जी प्रणाम,

बहुत बढ़िया...

जय भोजपुरी
Comment by Anoop Srivastava on September 25, 2012 at 3:26pm
भाई जी प्रणाम .... अइसे धार बनवले रहीं ....जय भोजपुरी ।

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service