JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

केहू कब  दिया देखाई ,जब कुछु जाई हेराई

 
ज्यादा सम्झ्दारे के लोग बुरबक देला बनाई 
 
इ दुनिया ह तनी देखि के ना त जाईब अझुराई !!
 
 
 
अपना से बड़ के इज्जत करे में सभ कुछ बा 
 
तनीं मनीं देखलेब इतिहास अपने बुझा जाई 
 
एके जगहा इनार खोदब त जल जरुरे भेटाई
 
जगहा जगहा पे खोदला से कुछु ना भेटाई !!
 
  
 
एनियो जाईं ओनियो जाईं कुछु नीमन ले आईं
 
कुलही देखि देखि के मति के आपना जनीं बौराईं 
 
एके घैला के पानी पिए वाला के जनि जा बिसराई !!
 
 
 
 
 
इ दुनिया जाने ला जी  मुहवा के बतिया जाला बुझाई 
 
एही मुहवा से पान खाला इहे मुहवा पन्हा देला खियाई 
 
इ हमार ना ह बतिया तनी पूछ लेब केहू से बुझा जाई  !!
 
 
 
इ बतिया कुलही संस्कार के ह जी केहू केहू के जनाई
 
जब घर चूवे ला त केहू ना ओह पे लेवन लगावे आई 
 
अपने मिलजुल के लेवन लगावे के परेला जानी जाईं !!
 
 
 
 
 
कहेला राजीव-: सूनी हठी लैहें लोग सभ बाँट ना लैहें कोई
इ कहाउत त  एक दम खांटी ह एकरा में भरल बा सच्चाई 
उ इंसाने का जे आपना माई माट्टी के जगत में दे लजवाई 
केहू कब  दिया देखाई ,जब कुछु जाई हेराई !!
 
 
 
  
 
 
जय भोजपुरी जिहिं जा भोजपुरी  बुझे वाला के बहुत बा हो बहिनी भाई !!

Views: 59

Tags: !!, सच्चाई

Comment by अभिनन्दन गुप्ता on September 18, 2012 at 10:10pm

बहुत बढिया बा
बहुत कुछ सिखे के मिले ला
राउर कबिता से

जय भोजपुरि

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on September 18, 2012 at 10:36pm

राजीव भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी

भाई जी बात बुझे के होला , आ राउर बात जे बुझि गईल ओकरा फेरु कबो कतहु जुझे के ना परी !

बेजोड लिखनी !

जय भोजपुरी

Comment by Rajnish Kumar Singh on September 19, 2012 at 5:48pm

ka bhaiya ... raura t bawal kar dihni....

 jai bhojpuri...

Comment by jitendra kumar thakur " dev " on September 19, 2012 at 6:02pm

rajiv bhai 

jai bhojpuri

bahut si sundar auri shi rachna ----

ज्यादा सम्झ्दारे के लोग बुरबक देला बनाई 
 
इ दुनिया ह तनी देखि के ना त जाईब अझुराई !!
 
jitendra
 
Comment by Anoop Srivastava on September 20, 2012 at 9:59am
राजीव भाई जी प्रणाम,
बहुत बढ़ियाँ आ जमीन से जुरल रचना ......एगो शिक्षा देत आ राहि देखावत ....धन्यवाद आ जय भोजपुरी ।
Comment by sanjay panday on September 20, 2012 at 10:48am

rajeev bhaiya parnam aa jai bhojpuri |

bahut badhiya rachana ba bhaiya |

samajhe ke baat ba ,aa samajh me bhi awat ba |

bahut bahut dhanyavad ba raur |

jai bhojpuri

Comment by Ashutosh Ranjan on September 20, 2012 at 10:59am

राजिव भाई प्रणाम,

बहुत निमन से चेतावत, समुझावत, बुझावत राउर रचना के मरम जे बुझ गईल उ कबहूँ आ कतहूँ ना जूझी...
बहुत बढ़िया सनेश, बहुत सुन्दर अभिव्यक्ती.
धन्यवाद.
जय भोजपुरी 
Comment by संजीव सिंह on September 26, 2012 at 11:53am

राजीव जी प्रनाम,

बस ऐतने कहेम - बहुत बढीया भाई जी...। एगो बात अउर..., बात त अब सभका बुझही के पडी। दोसर कवनो चारा नईंखे...।

जय भोजपुरी

Comment by Bishwajit yadav on September 26, 2012 at 10:23pm
जय भोजपुरी
परनाम भईया बहुत सहि लिखले बानी हम राउर लेखनी के फैन बानी
एके जगहा इनार खोदब तजल जरुरे भेटाई
जगहा जगहा पे खोदला से कुछु ना भेटाई !!
Comment by Sudhir Kumar on September 30, 2012 at 4:16pm

राजीव जी, प्रणाम आ जय भोजपुरी,

वाकई, जमीन से जुडल एह रचना में बहुत कुछ बुझे लायक बा, आ जे बुझ जाव, ओकर बेडा पार बा।

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service