JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

सबके प्रणाम,

हिन्दी बोलs, अंगरेजी बूकs, ले लs अरबिया अँगड़ाई,
डेरइला भा खिसिअइला पे, भोजपुरिए मुँहवा में आई,

त काहे दुविधा में, झूलत बाड़, काहे के ई बरिआई,
चीन्हs अपना के कहँवा बाड़, छोड़s, आपन परिछाई,

तनिको लागे लाज, त भोजपुरी जिन बोलिह ए भाई,
नाहिए कब्बो अपना के तू भोजपुरिया कहिह ए भाई,

जबले अपने भितरा से, माई वाला अहसास ना आई,
रटला से बस माई-माई, ए भाई कुछुओ ना फरिआई,

माई आपन बरिआर बहुत बा, के एकरा के आजुमाई,
बस एकरा अधिकार मिले त, सबका पर ई छा जाई,

एके अक्षर के अन्तर, सपूत आ कपूत में, बाटे, भाई,
चुनि ल एगो कौनो आ, लागि जा भा भागि जा भाई,

खुनवा टघर गइल बा, आकि, रमि गइल बा दोगलाई,
सुनि के गारी महतारी के, के बाटे जे, चुपचाप पटाई,

बैरियन आ गद्दारन के, जवाब जे ना मुँह तोड़ दियाई,
भाषा के ई नाव पे सगरो कइल-धइल पाखण्ड कहाई,

आईं रउओ हमरी साथे, फूकीं जोर से, ई बिगुल बजाई,
मँगला से जो, ना मिले, त लड़ि के हकवा, लीहल जाई,

धन्यवाद आ जय भोजपुरी

अनूप

Views: 45

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on September 17, 2012 at 9:16pm

अनुप भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी

एक दम सही कहनी आ बहुत बेजोड कहनी । हम त इहे जानेनी की जवन बात बा खांटी मे ओह से के आंटी ? केहु ना । एह से खांटी बनल रहे के चाही ।

आ हक त लियईबे करी डंका के चोट प लियाई ।

जय भोजपुरी

Comment by sanjay panday on September 18, 2012 at 11:58am

anoop bhaiya parnam a jai bhojpuri \

ekdam garda ba bhaiya |

bilkul sahi likhail ba ek dam sanch  bat

bahut bahut dhanyavad |

jai bhojpuri   jiya bhojpuria |

Comment by Ashutosh Ranjan on September 18, 2012 at 3:24pm

अनूप भाई प्रणाम,

हाँ त निमन से बिगुल बजा देहनी...साथे साथे चेतावनी भी दे देहनी.
गजब के हुंकार. बेजोड़ ढंग से झकझोरे वाला आवाज देहनी.
धनयवाद.
जय भोजपुरी 
Comment by संजीव सिंह on September 26, 2012 at 11:46am

अनूप जी प्रनाम

बहुत बढीया! एगो धमकावत चेतावनी देहले बानी रउआ। बहुत बहुत बढीया। आ अगर अबो केहु ना चेती त फेर कब...?

जय भोजपुरी

Comment by Sudhir Kumar on September 30, 2012 at 4:14pm

अनूप भाई, प्रणाम आ जय भोजपुरी,

भोजपुरी के सम्मान के एह लडाई के रउआ बिगुल बजा देले बानी, आ ई लडाई हमनी का जीत के मानब जा, ई तय बा। रउआ जवना तरह से सिलसिलेवार ढंग से भोजपुरी के महत्ता के रेखांकित कइले बानी, ऊ अपने आप में अदभूत बा, आ बहुत कुछ सोचे खातिर मजबूर करता। अगिला रचना के इंतजार में...  

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service