JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

सच सच बताव सईंया , के मारी लिहल तोहार मतिया ।

बात ना करेल हमसे सईंया , फोन पर बीते सारी रतिया ।
सच सच बताव सईंया , के मारी लिहल तोहार मतिया ।
रात भर मोबाईल पर लागल रहेल ।
जहिया से अयल सुध बात ना करेल ।
कवनो ना कवनो बहाना बनावत रहेल ।
बार बार मोबाईल लेके भागत रहेल ।
हियरा पर हाथ धके , बताव पिया हमसे बतिया ।
सच सच बताव सईंया , के मारी लिहल तोहार मतिया ।
लैप टाप पर जेकर फोटो लागल बा ।
मोबाईल पर भी उहे फोटो राखल बा ।
हमरा से बहाना बना मुँह छुपावेल ।
फोन पर हँसि हँसि बात बनावेल ।
का भूल भयल हमसे , भूली गयल हमार पिरितिया ।
सच सच बताव सईंया , के मारी लिहल तोहार मतिया ।
गयल विदेश तब से घरवा ना आवेल ।
मुश्किल से अईल पर आँख ना मिलावेल ।
का गलती भईल हमरा कगरियो ना आवेल ।
चुप चाप खाना खा के फोन पर बतियावेल ।
वर्मा पईंया पड़त बानी , बीतल जाला रतिया ।
सच सच बताव सईंया , के मारी लिहल तोहार मतिया ।
श्याम नारायण वर्मा

Views: 39

Tags: !, गीत

Comment by Anoop Srivastava on September 13, 2012 at 2:16pm

श्याम भाई जी प्रणाम,

बहुत बढ़ियाँ ...रउरी हर रचना में एगो खास बात होला ....जहाँ ले हमरा लागेला आ शुरु से देखल जाव त बुझाला कि,एगो कहानी चलत बा ..आ राउर कुल बात रचना के रूप में, ओही के इर्द-गिर्द रहेला ....पहिले रउरी रचना में, खड़ा बोली के शब्दन के साथे गद्य के मात्रा तनी ढेर रहत रहे अब मिश्रण धीरे-धीरे सन्तुलित होखे लागल बा ... हम कौनो प्रकार के समीक्षा नइखी करत ...बल्कि रउरी निरन्तरता आ समर्पण के सलाम करत बानी .... जय भोजपुरी भाई जी .... अइसे लागल रहीं भोजपुरी के सेवा होत रही ।

Comment by Shyam Narain Verma on September 13, 2012 at 4:08pm
प्रणाम जी

रउरा जानते बानी की हम हिन्दी और भोजपुरी दोनों में लिखे के कोशिश करेनी ।

बहुत बहुत धन्यवाद ।

जय भोजपुरी
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on September 14, 2012 at 12:42pm

नीमन बा !

Comment by mukesh pandey "chandan " on September 19, 2012 at 5:48pm

neeman

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service