JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

“पुनीता दीदी के पुनीत अभियान”

सादर प्रणाम,

बिहार राज्य में मोतीहारी जिला के रहे वाला हमार मित्र उदय जी के बड़ बहिन, हमनी के पुनीता दीदी शुरु से ही बड़ा विनम्र आ मिलनसार स्वभाव के एगो भावुक महिला रहली, अच्छा-खासा भरल-पुरल परिवार एगो खुशहाल जिनगी वितावत रहे बाकी सन् 2005 में एगो अइसन अनहोनी हो गइल कि का कहल जाव । दीदी के 18 साल के बिटिया अदिति बबुनी के आकस्मिक देहान्त होखला से सभे टूट गइल । ई पूरा परिवार खातिर एगो अपूर्णीय क्षति रहुए, दीदी भी भीतर से खोखला हो गइल रहली बाकी,   अपना बिटिया के याद के आपन कमजोरी बनवले के बजाय ओके ताकत बना के एगो अदिति वेलफेयर सोसायटी बनवली आ लाग गइली नि:स्वार्थ भाव से समाज सेवा में, आ एकरी खातिर चुनली समाज के ओ बच्चन के जवन गुमराह होके भा मजबूरी में गलत राहि ध लेहलँ सन । जहाँ-जहाँ जीजा जी के स्थानान्तरण होला ओहीं लाग जाली अपना अभियान में । अदिति वेल्फेयर के क्रिया कलाप के बारे में बहुत कुछ एइजुक पोस्ट कइला के बजाय हम सीधा लिंक देत बानी । पुनीता दीदी के हिम्मत, जज्बा आ ए पुनीत अभियान के हम सलाम करत बानी ।

 

http://aditiwelfare.in

 

धन्यवाद आ जय भोजपुरी ।

Views: 83

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on September 11, 2012 at 8:56pm

That no one is a born criminal; circumstances lead him or her to crime.

 

प्रनाम आ जाय भोजपुरी अनुप भाई

 

उपरा वाला लईनिया लिखल रहल ह आ ई लाईन बता रहल बिआ की पुनीता दीदी के सोच का बा । सांचो केहु जनम से बदमास ना होला ।

 

 

आदिति वेलफेअर सोसाईटी के प्रयास सांचहु बेजोड बा , आ अपना दुख के अपना गम के एतना सकारात्मक रुप दिहल सांचो सबका बस के बात नईखे ! पुनीता दीदी के एह प्रयास के हम नमन करत बानी ।

 

जय भोजपुरी

Comment by Ashutosh Ranjan on September 13, 2012 at 10:31am

अनूप भाई प्रणाम,

पुनीता दीदी के एह पुनीत कार्य के सलाम!!! सान्चाहू अपना सामने आपन लईकन के बिछुडन से बाद दर्द कुछऊ नईखे हो सकत..लेकिन ओह दिवंगत आत्मा के एह तरह के श्रधांजलि..वाकई बहुत ही सराहनीय....
जय भोजपुरी 
Comment by संजीव सिंह on September 13, 2012 at 3:04pm

अनूप जी, पुनीता दीदी के प्रयास के जेतना तारीफ़ कईल जाव ऊ कम कहाई. अउर हमार सलाम बावे अइसन जज्बा के.

जय भोजपुरी 

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service