Come, let's do something for Bhojpuri...
का बताईं..............हमरी पीढ़ी पे तो दुई तरफ़ा मार पड़ी बाबचपने में बडवार से अदब सीखेअबहूँ ,लरिकन अदब सिखावत हैंचाईनीज रेस्तरां में चॉप स्टिक कईसे पकड़ा जात हैहमका समुझावत हैंकवनो नवा मोबाईल केमरा हाथ में अवते बुझ जात हैंअउर हमके हफ्तन ओहकाइहाँ उहाँ टीपे टापे के परत हैका बताई .......हमरी पीढ़ी पे त दुई तरफ़ा मार पड़ी बाबियाह के आए त..सास,जिठान के जीव जुडाय के सेवा कईली...मनवा मा एक्के आस रहीकबहूँ हमरो दिन फिरिहेंहमरो पतोह ऐसहीं सेवा करिहेंपर आज के जुग जमाना देखी के इहे बुझात बा ,पतोहू के सेवा भी हमही के करे क परीका बताईं..............हमरी पीढ़ी पे त दुई तरफ़ा मार पड़ी बा .............................. :)जय भोजपुरी
Comment by Brij Kishor Tiwari on September 8, 2012 at 7:21pm जय भोजपुरी आ प्रणाम बहिन ..................
बात त सोरहो आना साच बा ,लेकिन अईसन बात भी नईखे , कुलही संस्कार संस्कार के बात बा .........
जवन संस्कार रउवा अगिला पीढ़ी के दे रहल बानी ..........ई नौबत ना आई
.
.
ई राउर कविता तक ही ठीक बा ...............आ अईसने होखो
बाकिर राउर ई व्यंग सार्थक बा ....
हा हा हा हा हा .........
सादर प्रणाम,
बढ़ियाँ रचना बा .... बाकी ई समस्या हर पीढ़ी के लोग के एक समय झेले के पड़ेला .....ई झेले वाला समय हमनी के चलत बा .....जय भोजपुरी ।
प्रणाम,
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on September 8, 2012 at 11:35pm बहिन प्रनाम आ जय भोजपुरी
का दो लोग फरहर आ एडभांस हो गईल बा !
असल मे सवख आ सुख के परिभाषा बदल गईल बा ! हम दोसरा के का कही हम त खुदे ओहि मे के बानी ।
हरमेसा लेखा बाकि ढेर दिन प एगो बहुत बेजोड रचना रउरा ओरि से पढे के मिलल !
जय भोजपुरी
Comment by Umesh Gautam on September 9, 2012 at 8:41pm
Comment by jitendra kumar thakur " dev " on September 10, 2012 at 9:16am saroj didi
pranam, jai bhojpuri
bhute hi sundar rachna , samaj ke dekh ke ekdam shi ba .ahi se kahal jala ki kabi log samay ke chetera hola.
jai bhojpuri
Comment
© 2013 Created by Admin.
You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!
Join JaiBhojpuri.com