JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

''चल कराची , आजु ना बाँची !''

सब के प्रणाम आ जय भोजपुरी । आजु एगो देशभक्ति गीत ले के सेवा मेँ आईल बानी जवन कारगिल युद्द के बेरी लिखले रही आ बड़ा लोकप्रिय भईल रहे । ह , मूल गीत मेँ समय के साथे कुछ परिवर्तन क देले बानी । जय हिन्द !

शायरी - सिर के सिँगार , कश्मीर कली ह बगिया के , लेई के तिरँगा के देत बानी साक्षी ।

काटी लेबी कालाई जे अँगुरी देखाई आ आके एह धरती प चीचीरी ले खाँची ।।

बाज हटे बिश्व के ई भारत , टिटिहीरी रे ! ताकी दी त तहरो निशानी ना बाँची ।

ए हो पाकिस्तान ! ताहार नामोनिशान मिटी , लहकी लाहौर कही कहरी कराची ।।

गीत - चल कराची , आजु ना बाँची , बढल बा मन आताताई के ।

पिठी मेँ मरले बा छुरा , देख अवकात कासाई के ।।

चोर बनी के जहाज चोरवलस , तनी नाही लाजाईल हा ।

कारगिल मेँ भुभुन फूटल हा तबो नाही बुझाईल हा ।।

लात के देवता , बात ना मानी , तुरी द मुँह अकुताई के ।

पिठी मेँ मरले बा छुरा देख अवकात कासाई के ।।

दुष्ट दुष्टता छोड़ी ना ई नान्हे पर के खुनी ह ।

छोट त ह बाकी खोट बहुत ह , ई पागल जुनूनी ह ।।

आरे ! कहिया ले समझौता करब ? द लाठी बरसाई के ।

पिठी मेँ मरले बा छुरा , देख अवकात कासाई के ।।

कबो मुँबई बम से दहलल ,कबो ढहत कलकता बा ।

घाती अजबे जँग लड़त बा . होई जात नापाता बा ।।

धउगी धउगी के कब ले खोजब ? वध क द हरषाई के ।

पिठी मेँ मरले बा छुरा , देख अवकात कासाई के ।।

Views: 47

Tags: !, आजु, उमेश, कराची, गीत, गौतम, चल, ना, बाँची

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on September 4, 2012 at 8:52pm

उमेश जी प्रनाम आ जय भोजपुरी

एक दम हडियान लिखनी , बस अब चढि चले के बा कराची प !

जय भोजपुरी

Comment by Ashutosh Ranjan on September 5, 2012 at 11:46am

उमेश जी प्रनाम,

एकदम जोश भर देहनी..बेजोड़ कविता...

जय भोजपुरी 
Comment by Umesh Gautam on September 6, 2012 at 7:29am
नवीन भैया आ आशुतोष भैया , प्रणाम आ जय भोजपुरी । हम बहुते आभारी बानी । धन्यवाद ।

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service