Come, let's do something for Bhojpuri...
सबके प्रणाम,
तोहरी याद के झोंका अइसन, झूला झुला गइल,
अब का कहीं, हमरा के त, सबकुछ भुला गइल,
तोहरी याद के झोंका अइसन . . . . . . . ।
हमरी तकला पे लजाइल, फेर बचा के कनखी मारल,
ऊ, भर दिन के बे-चैनी, अउरी राति-राति ले, जागल,
ऊ राति - राति ले जगलका, फेरसे जगा गइल,
तोहरी याद के झोंका अइसन . . . . . . . ।
हम्मे पाछे से रिगावल, सोझे ना आँखि मेरावल,
फेर, सबका से बचा के, इसारा मे, कुच्छु कहल,
ऊ इसारा मे कहलका, आजु फेर गुदगुदा गइल,
तोहरी याद के झोंका अइसन . . . . . . . ।
हमरी कहला पे ना सुनल, फेर पाछे मुड़ के ताकल,
ऊ, सीढ़िया पर के, तेजी, ऊ कोठा पर से, झाँकल,
ऊ कोठा पर से झँकलका, जियरा हिला गइल,
तोहरी याद के झोंका अइसन . . . . . . . ।
तोहरी याद के झोंका अइसन, झूला झुला गइल,
अब का कहीं, हमरा के त, सबकुछ भुला गइल,
धन्यवाद आ जय भोजपुरी
अनूप
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on September 1, 2012 at 8:50pm प्रनाम आ जय भोजपुरी अनुप भाई
ढाही देहनी महाराज , रउवा त अईसन याद परवनी की हमहु हेने होने लोटियाये लगनी :-)
बेजोड लिखनी भाई जी ।
जय भोजपुरी
Comment by Umesh Gautam on September 2, 2012 at 9:03am
Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on September 2, 2012 at 3:00pm अनूप भाई जी प्रणाम ,
अनूप जी प्रणाम,
Comment
© 2013 Created by Admin.
You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!
Join JaiBhojpuri.com