JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

पिअनी ना भिस्की कबो ब्राँडी , बीयर चाहे रम ।

गोल गोल दुनिया मेँ एगो बकलोल हम ।।

*

फेकनी ना नाक मुँहे सिगरेट के धुआँ ।

ताश खेले आइल ना , ना खेले आईल जुआ । । *
बुझत रही आपाना के बड़ी छछलोल हम ।

गोल गोल दुनिया मेँ एगो बकलोल हम ।।


* आपाना रईसी के फुँकनी पिपीहीरी ।

बाद मेँ जननी कि हइ हम टिटीहीरी ।।*
फेसबुक बाबा कहले त जननी , भकोल हम ।

गोल गोल दुनिया मेँ एगो बकलोल हम ।।

* जिनिगी मेँ मरनी ना केहुँओ के लँगड़ी ।

पागल लेखा राखत रही बाबु जी के पगड़ी ।। *
एह राकेट जुगावा मेँ एगो फाटल ढोल हम ।

गोल गोल दुनिया मेँ एगो बकलोल हम ।।

*अइनी इंटरनेट प त गइनी भकुआइ ।

लइकी अस लइका देखनी , भाई अस भउजाई ।।

*सउसे मोछमुड़वन मेँ

एगो मोछवाला बम ।

गोल गोल दुनिया मेँ एगो बकलोल हम ।।

Views: 68

Tags: उमेश, कविता, गौतम, बकलोल, व्यँग

Comment by Ashutosh Ranjan on August 28, 2012 at 1:18pm

उमेश भाई प्रणाम,

बहुत बेजोड़ लिखनी..बहुते बढ़िया....
एह ज़माना में बकलोल ले निमन के बा? 
जय भोजपुरी 
Comment by Anoop Srivastava on August 29, 2012 at 12:58pm

उमेश जी जय भोजपुरी ...... अगर बकलोल के ईहे परिभाषा बा त ... ईश्वर सबके बकलोल बनावें... धन्यवाद आ जय भोजपुरी ।

Comment by Umesh Gautam on August 29, 2012 at 3:26pm
आशुतोष भैया आ अनूप भैया , प्रणाम आ जय भोजपुरी । रउरा सभे के अनमोल राय खातिर हम आभारी बानी । जय भोजपुरी ।
Comment by sanjay panday on August 30, 2012 at 11:45am

jai bhojpuri bhai ji |

bahut bejod rachana ,aa sahi baat ba ki je ee sab na karas

okara le log baklol hi bujhe la lekin hamani baklole thik bani ji |

bahut bahut dhanyavad 

jai bhojpur i

Comment by Umesh Gautam on August 30, 2012 at 10:08pm
सँजय भैया , प्रणाम आ जय भोजपुरी । आज हर सीधा सादा , शरीफ , ईमानदार , जमीनी आदमी बकलोल बा बाकिर ठीक कहनी . हमनी के बकलोले ठिक बानी जा । धन्यवाद ।

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service