JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

कोल गेट की क्लोज अप ?

सब केहू के प्रणाम,

आज काल सगरो एक चीझ के बड़ा चर्चा चल रहा बा कोल गेट के. पढ़ला सुनला पर बुझाईल की कोयला खादान आवंटन के कैग रिपोर्ट पर उठल विवाद के बाद एह विवाद के नाव दियायील बा....अब कोल गेट काहे क्लोज अप काहे ना? इ त इन्हवो घोटाला के बू बुझात बा...मुफ्त में कोलगेट के परचार हो रहल बा...बुझाता क्लोज अप वालन से सेटिंग ना हो पाईल? या हो सकत बा की क्लोज अप नाव धयीला से घोटाला करे के अवसर क्लोज करे के अंदेशा के सन्देश जन जन से पहुंचे के रोके के होखे. खैर एहाकर दोसर नाव भी रखा सकत रहे जईसे कोयला घोटाला? लेकिन ना कोयला घोटाला कह देला से जईसे की इ बोफोर्स घोटाला के सीक्वल बुझात बा कंहवा उ १०० करोड़ के आ कंहवा इन्ह्वा अनुमान लगावत बा कैग १लाख छियासी हजार करोड़ के...कोल स्कैंडल कईसन रही? ना ना स्कैंडल शब्द से त जईसे बुझात बा की कवनो सेक्स स्कैंडल ह..ना इहो कुछ जमत नईखे.

खैर जब मीडिया एक बार फाईनल क देहलस की एहकर नाव कोलगेट ही रही..त बस इहे रही..फेर हम आ रउवा के जे नाम के छेछालेदार करे में लागल बानी जा. वैसे भी कवनो महानुभाव के कहनाम रहे की नाम में क्या रखा है....सान्चाहू नाव में का राखाल बा..दाम देखि..घोटाला भईल होखे भा ना एतना बड़हन बड़हन संख्या के रूपया के बारे में सोंच सोंच के ही रोम रोम पुलकित हो जात बा. गर्व होता की आपन देश कान्हा से कान्हा चन्हुप गईल..केतना प्रगती कईलस...रोज रोज एगो नया कीर्तीमान स्थापित हो रहल बा..जन्हवा महज १०० करोड़ के तथाकथिक बोफोर्स घोटाला पर एगो सरकार चल गईल उन्हावा एतना बड़हन बड़हन चीझ भी अब कवनो मायने नईखे रखत.......सोंची यदि एतना पईसा बा तबे नु एतना एतना बड बड वित्तीय नोकसान के बात होत बा..जेकरा लगे रहबे ना करी का ख़ाक बात होई? हमरा इयाद आवत बा की कईसे जेकरा इन्हा इनकम टैक्स के छपा पड़ जात रहे ओकर कद समाज में उंचा हो जात रहे..आरे बड अफसर हउवन बहुते पैसा बा इनकम टैक्स के रेड पडल बा......कईसे लड़की वाला लोग खुदे गर्व महसूस करत रहे की हम १० लाख -२० लाख दहेज़ देहनी हाँ..माने जईसे दहेज़ दिहल भा लिहल कवनो अपराध ना होखे बलुक जब बा तबे नु देहनी हाँ..
सकारात्मक सोंच राखाल जरुरी बा. त चली आयीं जा भारत के समृधी पर खुश भ लिहल जाओ...........................

जय भोजपुरी

Views: 44

Comment by Anoop Srivastava on August 25, 2012 at 1:21pm

भाई आशुतोष जी प्रणाम आ जयभोजपुरी,
बहुत दुर्भाग्यपूर्ण बा ई कुल अपना देश खातिर आ देश के जनता के खातिर इहँवा लकीर पिटला के पुरान बेमारी बा । ई कुल नाटकीय स्टंट पैदा कइल जाला, मीडिया के मसाला मिल जाला .. आ परिणाम कुछ नाही । बहुत नीमन ढंग से तीखा व्यंग .....बहुत बहुत धन्यवाद ...जय भोजपुरी ।

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on August 25, 2012 at 5:51pm

आशुतोष भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी

हम कोईला प ना जा के आ आपन मुह करिया ना कई के खलिहा " गेट " प ठाड रहब ।

गेट काहे कहल जाला ?

असल मे 1970 मे अमेरिका मे राष्टपति निक्सन के बेर एगो गडबड भईल रहे जवना के "वाटरगेट" के नाव दिहल गईल । अब हम वाटरगेट मे ना जाई के इहे कहब कि " गेट " एगो प्रत्यय ह जईसे की हमनी के भोजपुरी मे " य " व " वा " या लगावेनी जा । बाकी हमनी के या वा य व के कवनो खास माने ना रहेला बाकी एजुगा गेट के माने इहे बा की " जवना काम मे बेईमानी होखे आ ओकरा के लुकवावे के कोशिश होत होखे " ओह कामवा मे गेट जोड दिहल गईल त बिना कुछ कहले उ स्कैंडल माने बाउर काम हो हो गईल।

पाकिस्तान मे हलाहे मे एगो मेमोगेट मशहुर भईल रहल ह भारत मे कर्नाटका मे पार्नगेट भईल रहे आ अब कोलगेट ।

खैर ई त गेट के बात भईल ब राउर ब्लाग के जहा ले बात बा त हम इहे कहब की गते गते कही भा हाईँ हाईँ कही आदमी दिन प दिन अपना के चमकावे नीमन बनावे मे कई गो अईसन काम कईले जात बा जवना से समाज से ले के देस ले सबके नुकसान बडुवे । नेता लो चुकि एह कुल्हि बाताबरन मे बेसी रहत बा लो एह से ओह लोगन के जरी ढेर " गेट " जुटत बा ।

बरिआर बात लिखनी आ हम उमेद करब की लोग एह गेट से दुरे रही ।

जय भोजपुरी

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service