JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

का रउवा अबो लागत बा की भोजपुरिया लोग भोजपुरी सिनेमा देखो ?

लोग काहे भोजपुरी सिनेमा देखो ?
आखिर कब ले लोग भोजपुरी हमार भाषा ह एह प सिनेमा देखो ?
आखिर कब ले छोकराहवा एह से सिनेमा देखिहन स की लार चुवावे के मिली ?
आखिर कब ले भोजपुरिया दर्शक अपना के चोली साया के लगे घुमावत रहिहे ?
आखिर भोजपुरी देखला से का भेटाई ?


का भोजपुरी सिनेमा भोजपुरी देखावत बा ?
का भोजपुरी सिनेमा मे भोजपुरियापन बा ?
का भोजपुरी सिनेमा मे भोजपुरी साज बाज आवाज बा ?
का भोजपुरी सिनेमा भोजपुरिया क्षेत्र मे बनेला ?
का भोजपुरी सिनेमा मे कलाकार लोग बा ?
का भोजपुरी सिनेमा मे भोजपुरी बोले समझे वाला कलाकार लोग बा ?
का भोजपुरी गीत संगीत लिखे वाला लोग भोजपुरिया दर्शक के टेस्ट बुझत बा ?

का भोजपुरी से भोजपुरिया लोगन के जुडाव बा ?
का भोजपुरी बोले पढे सुने देखे के भोजपुरिया लोगन के सवख बा ? अगर नईखे त काहे ?
का भोजपुरिया लोगन के भोजपुरी बोले लिखे पढे सुने मे गर्व बा ?


का भोजपुरी पढला लिखला समझला बुझला से कुछ भेटाई ?
का भोजपुरी से कवनो रोजगार धन्धा भेटाई ?
का भोजपुरी से पढ लिख के दु पईसा भोजपुरिया कमाई ?
का भोजपुरी पढ लिख के आदमी दोसरा जगह रहि पाई ?


ई सवाल अजीब लागी बाकी सांच पुछि त जस जस पलायन होता जस जस लोग भोजपुरी भाषा क्षेत्र से दुर भागत बा तस तस लोगन के भोजपुरी सिनेमा से दुरी बढल जाता । आ रहल सहल कसर पुरा कई रहल बिआ आजु के फुहर पातर भोजपुरी सिनेमा , भठियारा भईल गीत संगीत ।

अब जब आजु के भोजपुरिया लोग भोजपुरी से दुर भागत बा लो त फेरु सिनेमा कब ले मातृभाषा के नाव प लोगन के अपना ओरि टानि ?

सांच कही त भोजपुरी से भोजपुरिया लोगन के दुरी के असर सिनेमा प परत बा , परि रहल बा , आ एहि से भोजपुरिया सिनेमा खलिहा शराबी जुआरी लफुआ लोगन के सिनेमा बनि के रहि गईल बा ।

जवना क्षेत्र के साज बाज लोगन के हिला डोला देत रहलन हा स ओजुगा के लोगन के अब हिले डोले खाति साया साडी ब्लाउज आ दु का दु का के कहे के परत बा ।

जय भोजपुरी

का ई कुल्हि चीजु के वजह से अबो लागत बा की लोग भोजपुरी सिनेमा देखि ?

Views: 67

Tags: जय, भोजपुरी, सिनेमा

Comment by Ashutosh Ranjan on August 27, 2012 at 2:22pm

नविन भाई प्रणाम,

सवाल जब्बर बा..
हमरा लगे त कम से कम एहकर जवाब नईखे.....
हाँ सवाल जरुर बा एह सब सवालन पर-----
का पूरा भोजपुरिया समाज साया साडी आ ब्लाउज में लागल बा----यदि ना त काहे हम आ रउरा आगे नईखी आवत? यदि हाँ त काहे खातीर पीछे पडल बानी सभे एहकरा के संविधान के आठवीं सूचि में दलावावे खातीर..का सन्देश देवे के चाहत बानी सभे एह देश के.?
काहे सार्थक भोजपुरी सिनेमा नईखे बनत?--- धन के आभाव बा की टैलेंट के? भोजपुरिया धरती के बालीवुड टैलेंट के आजो कवनो टक्कर बा? यदि बालीवुड में कवनो टक्कर नईखे त पालिवूड में एह तरह के टैलेंट काहे नईखे लउकत? का धन के अभाव सान्चाहू बा? यदि बा त बाकिहा फिल्माहा कुकुरमुत्ता नियर डेली डेली कईसे बनत बाड़ी सन? यदि धन के समस्या बा त काहे? अब इ त समझ से परे बा की लोग के लगे धन नईखे...लोग ना लगावत होई इ समुझाल जा सकत बा....त लोग भोजपुरी सिनेमा में धन काहे नईखे लगावल चाहत? का भोजपुरी सिनेमा के स्तर देख के? का भोजपुरी सिनेमा के कमाई देख के? का प्रोड्यूसर लोग के इ लागत बा की आमद कम बा एहसे पईसा नईखे लगावत बा लो? यदि वर्त्तमान भोजपुरी सिनेमा के आमद कम बा त काहे? काहे से की केहू भोजपुरी एक्टर डिरेक्टर से बतकही होत रहे त उन्हा के त कहत रहनी की जे लोग देखल चाहत बा उहे हमनी देखावत बानी जा...यदि लोग इहे फूहड़ सिनेमा देखल चाहत बा त फेर एह सीनेमन के त निमन आमदनी होखे के चाँही आ जब निमन आमदनी होई त प्रोड्यूसर लोग के त कमाई से मतलब बा त उ पईसा काहे ना लगावे के चाहि? केहू कंही कवनो एगो रीक्षा चालाक के interview छपले ba ...ओह रिक्शा चालाक के कहनाम बा की हमनी गरीब के मनोरंजन के इहे एगो साधन बा आ हमनी के एही तरह के सिनेमा चाँही..इ आमिर लोग के साजिश बा जे एह तरह के फिल्मन के विरोध कर रहल बा लो...त का पालिवूड खाली चैरीटी में विशावास करेला? यदि हाँ त एकरा अलावे भी कुछ चैरीटी कईले बा लो का? कम से कम हमरा त जानकारी नईखे...आ यदि ना त फेर इ सब काहे?
का भोजपुरी से रोजी रोजगार मिली?;;;; पाहिले कोंहड़ा रोपाई की पाहिले तरकारिये बन जाई...अब कोंहड़ा रोपो के? का भोजपुरिया समाज में चिन्तक, विचारक, साहित्यकार, कवी, scientist के कमी बा? यदि ना त इन्हा सब भोजपुरी भाषा में आगे काहे नईखे आवत लो? का इन्हा लोग के लाज लागत बा? यदि हाँ त बेमतलब के नु हमनी सभे भोजपुरी भोजपुरी चिचियात बानी जा....यदि तनी मनी संसारी बाकी होखे त गरदनवे दबा के मुवा घयीला के काम बा..ना रही बांस ना बाजी बांसुरी...
लोग भोजपुरी बोले में काहे लजात बा?-- अब लीं इंहवा त सभे भोजपुरी के मान्यता दिवावे खातीर अंग्रेजी आ हिंदी में भाषण देत बानी सभे...त हम काहे भोजपुरी बोलीं? जब हमरा भाषा के कर्णधार लोग ही भोजपुरी के दुरादुरावत बा..त हम काहे? माने हमहीं बुरबक बानी का?
राउर प्रश्न ढेरी बाड़ी सन..आ उत्तर सबहक एके बा हमारी नजर में की जबले रउरा आ हम खाली आपन आपन निजी स्वार्थ में लागल रहेब जा..जबले दिली रूप से, आत्मीय रूप से भोजपुरी भाषा के प्रती निष्ठा आ समर्पण ना रही तबले एही तरह के प्रश्न रही...बलुक कुछ दिन के बाद एह तरह के प्रश्न पुछेवाला पुछानिहार भी ना रहिहन....
तलेले रौवो मस्त रही आ हमहूँ मस्त बानी....
जोड़ से बोली जय भोजपुरी.
Comment by Anoop Srivastava on August 27, 2012 at 2:23pm

नवीन भाई जी प्रणाम आ जय भोजपुरी,

बहुत सही बात उठवले बानी रउआ, आज भोजपुरी फिलिमन के एकरसता भा एकरूपता आ स्तर अइसन हो गइल बा कि, अगर केहु के देखावे के भी होखे त आदमी ई सोची कि,पहिले हम देख लेईं ठीक होई त देखावल जाई । जब कि सही मायना में देखल जा त भोजपुरी बेल्ट भोजपुरी थीम आ भोजपुरी कलाकारन के लेके तमाम अइसन फिलिम बनल बाड़ी सन जवना के हरओर डंका बाजल बा चाहे ऊ नदिया के पार हो शूल हो अपहरण,गंगाजल, गैंग आफ वासेपुर हो ...ओकर मुख्य तौर पे, तीन गो कारण लउकेला, पहिला ई कि, ऊ हिन्दी फिलिम काहाला दुसरा ई कि, ओकर मार्केटिंग जोरदार होला आ तीसर ई कि, ओकरे साथे नामचीन डायरेक्टर-प्रोड्यूसर-कलाकार के नाम जुड़ल रहेला । आज केतना हिन्दी फिलिम अपना एगो भोजपुरी बेस्ड आइटम साँग के दम पे चल जात बाड़ी सन। भोजपुरिया माटी, भोजपुरिया रस के खूब भजावल जात बा ईहाँ तक कि, कौनो रिएलिटी शो के बात कइल जाव ओमे, लगावेलू तू लिपिस्टिक जरूर होला ....बाकी भोजपुरी फिलिम के बात कइल जा त ऊ शादी कार्ड के फार्मेट नीहर हो गइल बा जवना में खाली नाम-पता आ तारीख बदल जाला ।जबले अलग-अलग मुद्दन पे लीक से अलग हट के भोजपुरी फिलिम बनावे के जोखिम ना लीहल जाई, भोजपुरिया नामचीन लोग ओकर समीक्षा प्रचार-प्रसार ना करी लोग तबले ए क्षेत्र से जुड़ल लोग भेड़ चाल में, शामिल रही आ हमरी-रउरी नीहर लोग अफसोस व्यक्त करत कही .... धन्यवाद आ जय भोजपुरी ।

Comment by Umesh Gautam on August 27, 2012 at 9:24pm
भैया , प्रणाम आ जय भोजपुरी । भोजपुरी फिल्म उद्योग , कैसेट आ चैनल आदि प व्यापारिन के कब्जा बा । व्यापार भी नीचे के स्तर के बा । गायक , लेखक सब बेचता । सज्जन निष्क्रीय बाड़े आ सुत के तमाशा देखतारे । जय भोजपुरी ।

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service