Come, let's do something for Bhojpuri...
जेकरा के, हम जोहत रहनी,
बूझत रहनी की बिलाइल बा,
ऊ बुकुवा लगा के फेसवा पे,
फेस-बुकवा पे, उपराइल बा,
ऊ बुकुवा लगा के - - - ।
जब रहे ऊ खस्ता हालि मे,
रहे खात, हमरिये थालि में,
बिना सोचले, कूद जात रहे,
भयवा, हमरे हर बवाल मे,
जहिया लेहसल उधार पइसा,
नाही तहिया से, भेंटाइल बा,
ऊ बुकुवा लगा के - - - ।
रहे लोल, लिखला-पढ़ला मे,
फर-हर, कहानी गढ़ला मे,
मारे टँगरी, साफ, ओही के,
जे रोके, आगे बढ़ला में,
पहिले लउके, दुब्बर-पातर,
अब त नगदे, मोटाइल बा,
ऊ बुकुवा लगा के - - - ।
कहँवा-कहँवा हम ना ढुँढनी,
पुलिस-थाना ले ना चुकनी,
अरे भला हो गूगल बाबा के,
ऊहे भखँले, जइसे पुछनी,
केतनो बदलि ले सीँग बैला,
चीन्हे वाला के, चिन्हाइल बा,
ऊ बुकुवा लगा के - - - ।
जेकरा के, हम जोहत रहनी,
बूझत रहनी की बिलाइल बा,
ऊ बुकुवा लगा के फेसवा पे,
फेस-बुकवा पे, उपराइल बा ..।
धन्यवाद आ जयभोजपुरी,
अनूप
Comment by Umesh Gautam on August 24, 2012 at 8:36pm
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on August 25, 2012 at 6:03pm अनुप भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी
हा हा हा हा हा हा , हम अब का कही , राउर ई कविता पढि के हमार मेहरारु ठेहुन भर गिल हो गईली ह । बहुत बरिआर आ बेजोड बात कहले बानी, जबरजस्त !
बनत रहे के चाही आवत रहे के चाही , ढीठे आवे दी ।
जय भोजपुरी
Comment by Rajesh Yadav on August 25, 2012 at 7:42pm Jai Ho...Anup Bhai Jai Bhojpuri,
केतनो बदलि ले सीँग बैला,
चीन्हे वाला के, चिन्हाइल बा,
ऊ बुकुवा लगा के - - - ।
Ekdam lajabab.
Sadhuwad aa Jai Bhojpuri.
Comment by Tarkeshwar Rai on August 25, 2012 at 9:53pm hume bhojpuri ke acha gyan naikhe yeh khatir hum kuch shabd ke matlab janal chahat bani anoop ji se
what is the meaning of : "ऊ बुकुवा लगा के", ऊहे भखँले
Ekdam lajabab. naman ba aap ke lekhni ke, bhagwan se yehi prarthna ba ki raur lekhni yese hi chalat rahe
Jai Bhojpuri
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on August 25, 2012 at 10:52pm तारकेश्वर जी प्रनाम आ जय भोजपुरी
बुकवा - ई एगो देशी पाउडर ह जवन बेसन के बनेला , दोंगा भा गवना मे कोकडउर आ बुकवा लईकी किहा से कसार के संगे आवेला , कोकडउर खाये खाति होला जवन भुनल आटा के बनेला आ बुकवा मुह देहि प लगावे खाति होला नहाये से पहिले जवना से देहि सुघर चीकन साफ सुथरा रहेले ।
भखँले -मनौती , केहु खाति आसिर्बाद केहु खाति सराप माने कवनो भगवान के नाव धई के कुछ भाखल कुछ मांगल
अनुप भाई , उमेद बा हम सही होखब, बाकी एने ओने होखे के चानस जरुर बा :-)
जय भोजपुरी
Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on August 26, 2012 at 2:37pm anoop bhai jee pranam ,
bahut sunar likhni bhai jee
jai ho
jai bhojpuri
तारकेश्वर भाई जी प्रणाम,
बुकुआ – ओसिनल सरसों के पीसल लेप - हल्दी, चन्दन भा बेसन के लेप ।
भाखल – बतावल, भविष्यवाणी कइल, मनौती कइल
Comment by Brij Kishor Tiwari on August 27, 2012 at 9:55pm जय भोजपुरी आ प्रणाम जी ...............
बहुत सुन्दर कविता बनल बा हर बेर लेखा ............
हा हा हा हा ....
जय हो ...
bhaiya parnam aa jai bhojpuri |
sancho jordar ba aab ka kahi sacho gana bane ke chahi |
jai bhojpuri |
© 2013 Created by Admin.
You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!
Join JaiBhojpuri.com