Come, let's do something for Bhojpuri...
सबके प्रणाम !
असो 15 अगस्त के हमरे कार्यालय परिसर में ध्वजारोहण खातिर हमनी के ग्रुप हेड (चेयर मैन साहब) आइल रहलन । अच्छा-खासा भीड़ जुटल रहुए, कार्यक्रम लम्बा रहे आ शुरु से लेके आखिर ले गोड़ लागे वालन के ताँता लागल रहुए। व्यक्तिगत तौर पे हम ऊहाँ के बहुत इज्जत करेनी आ आदर्श मानेनी बाकी अबकि कुछ अइसन अझुराइल रहनी कि, करीब से मिले के मौका ना मिलल । बहरहाल मेन मुद्दा पे आवत बानी .... कार्यक्रम के बाद में उत्सुक हो के जब रिकार्डिंग देखल शुरु कइनी त गोड़ लागे वाला भाँति-भाँति लोगन के चेहरा पे लिखल साफ-साफ लउके लागल । फिलहाल ए लोगन के चार कटेगरी नजर आइल जवना के रउआ सबके साथे बाँटत बानी ।
1 – भावुक होके पूरा श्रद्धा के साथे ... जइसे तपस्वी के सामने भगवान प्रकट हो गइल होखें, कुछ लोग के त हथवो ना पहुँचल बाकी आँखि डबडबाइल रहे ।
2 – औपचारिकता (फार्मेल्टी) के साथे .... जइसे मशीन लागल होखे, चेहरा पे कौनो भाव नाही।
3 – मजबूरी (जबरदस्ती) के साथे.. जइसे पिठिया में पुरान दर्द होखे, सोझ होखला पे एने-ओने ताकल, चेहरा पे काँखल मुसकान ।
4 – पक्का चमचागिरी के साथे .... ए लोग के बारे में का कहल जा, ए लोग के बस चलित त रहिया में सुत जाइत लोग, बस हाथे में तेल वाला कटोरा के कमी रहल हउए ।
पहिले त ए विषय पे हमनी के सहकर्मी लोग आपस में, हल्का हँसी मजाक के तौर पे चर्चा कइनी सन, बाकी बाद में, हमरे दिमाग में, कुछ अलग ढूँढे के हलचल पैदा भइल आ कइ बेर वीडियो रिवर्स क के देखनी आ अवाक रहि गइनी कि, हमार चेयरमैन साहब चाहे खड़ा होँखस चाहे लगातार आगे बढ़त होखस, गोड़ छुए वालन के प्रति एक समान लउके वाला प्रतिक्रिया में भी एगो खास बाति रहल जइसे ऊँहा के पता होखे कि, केकरे दिमाग मे का चलत बा ..... ई चीजु हमरे दिल आ दिमाग पे बहुत गहरा असर छोड़लस ।
धन्यवाद आ जय भोजपुरी ।
“अनूप”
Comment by Umesh Gautam on August 23, 2012 at 6:18pm अनूप जी प्रणाम,
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on August 23, 2012 at 11:10pm अनुप भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी
एहितरे उँहा के चेअरमैन थोडे बनल बानी । देखि के पहिचान लेबे के कला ही आदमी के बरिआर बनावे ला । बाकी त मय रउवा नीमन से बताईये देले बानी बाकी आशुतोष भाई के बतिया प धेयान देबे के जरुरत बा ।
जय भोजपुरी
Comment by Bishwajit yadav on August 28, 2012 at 6:07pm Comment
© 2013 Created by Admin.
You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!
Join JaiBhojpuri.com