JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

प्रिय नबीन भोजपुरिया जी आ अउर मित्र लोग, आसिरबाद ,

जहिया हम 'जय भोजपूरी' मंच के सदस्य बननी ओ दिन एइमें कवनो ख़ास बात हमारा ना मिलल. ईहो कहल जा सकेला की हम ठीक से एक एक कालम के खोज ना पवनी. बाक़ी काल्हि जब फेर देखल सुरू कइनी त हमरा बड़ा खुसी भइल. एह मंच से त भोजपूरी के उन्नती खातिर तरह तरह के उपाय कइल जा रहल बा. सबद्कोस पर काम होता, बेयाकरण पर काम होता. हम इयाद दिला दीं की अपभ्रंश भासा के, बेयाकरने लिख के हेमचंदर बचा लिहले रहलें. ढेर नारा लगावला से इ कुल काम कइल जियादा अच्छा बा. इ कुल काम कइला खातिर तहरा लोगन के हमरा तरफ से बहुत बहुत बधाई. हम अपना तरफ से जेतना हो सकी भोजपूरी के आगे बढ़ावे खातिर सहयोग देब.
 
काल्हि अपना देस के आजादी के छाछठवां दिन ह. अब आजादी के कहानी दोहरवला के जरूरत नइखे. आजु जरूरत ए बात के बा की ए दिन के परब के तरह मनावल जाव. अन्ना हजारे भरसटाचार के खिलाफ जवन लड़ाई छेडले बाड़े ओकरा के उ दूसर आजादी के लड़ाई कहेले. सच्चो में असली आजादी खातिर हमनी के अभी लड़े के बा. काल्ह के दिन हमनी के ईहे संकलप लेबे के चाहीं की हमनी का आपन असली आजादी ले के रहब.

Views: 50

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on August 15, 2012 at 7:34pm

प्रनाम आ जय भोजपुरी सेसनाथ जी

बस राउरे जईसन सोच धईले हमहु एह साईट से जुडनी आ तब से जुडले रही गईनी । उमेद बा बा की रउवा ओरि से नीमन नीमन चीझु भोजपुरी खाति भोजपुरी मे जाने पढे के मिली ।

जय भोजपुरी

Comment by sanjay panday on August 16, 2012 at 11:30am

jai bhojpuri aa parnam shesh nath ji 

bahut sahi soch ba raur pura jai bhojpuripariwar raur swagat karat ba |

hamani ke sath raur sahayog khatir bahut dhanyavad ,bakir bahut log ba 

je bhojpuria ped ke fal ba bahir jari katat ba |

jai bhojpuri |

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service