Come, let's do something for Bhojpuri...
सब केहू के प्रणाम,
के कहत बा की महंगाई बा, आरे अब त सगरो हाँथ में मोबाईल बा,
भूख से बिलबिलाई के मरत बाडन त मरस, बी पी एल कार्ड त बँटाइल बा,
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on August 8, 2012 at 11:17pm आशुतोष भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी
शब्दन के मन के भाव के बहुत नीमन से रउवा लिखले बानी । सांचो मोबाईल टोबाईल खलिहा ओट के खेला बाबाकी कुछ ना ।
बाकी यु पी बिहार मे जवन जवन स्कीम बाडी स ओकनी के देखला के बाद आ जवन हम अपना गांव मे देखले बानी ।
1- खेती बारी खाति 3-4 कठ्ठा जमीन ( मौजा के हिसाब से )
2- आवासीय पट्टा - 1-2 कठ्ठा ( पलानी ओलानी लगावे खाति )
3- बचत के जमीन प इन्दिरा आवास योजना से एक परिवार ( नाबालिग लईका लईकी मेहरारु आ मरद ) एगो घर आ ओकरा आगे ओसरा ( डिजाईन तनि मनी हेने होने हो सकेला )
रहे खाति आ तनी मनी खाये खाति हो गईल , गाई गरु राखे खाति हो गईल आ ओकरा बाद मनरेगा !
असल मे गांव के लोग आ गांव के मुखिया भा परधान सही बाडे त फेरु कहे के नईखे , बाकी सांच त रउवो जानत बानी ।
मोबाईल खलिहा टारच के कामे आवे वाला बा अउरी कुछ ना !
जय भोजपुरी
वाह आशुतोष भाई अति सुन्दर...
के कहत बा की महंगाई बा, आरे अब त सगरो हाँथ में मोबाईल बा,
भूख से बिलबिलाई के मरत बाडन त मरस, बी पी एल कार्ड त बँटाइल बा,
घर में रासन होखे या ना होखे, पर सरकार तरफ से २०० रुपया मोबाइल में भराईल बा,
इ प्रधानमंत्री के नया योजना आवे वाला बा की हर बी पी एल कार्ड वाला लोगन के प्रत्येक महिना २०० रुपया के बात करे के मिली...
जय हो योजना आयोग... जय हो प्रधानमंत्री...
bhaiya jai bhojpuri aa parnam
bahut sahi aa satik tasveer ba aaj ke samay ke |
navin bhai ta pura hi kar dehalan |
jai bhojpuri |
Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on August 19, 2012 at 8:06pm waah bhai jee waah garda ba eh char lainiye mai !
jai bhojpuri
Comment
© 2013 Created by Admin.
You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!
Join JaiBhojpuri.com