JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

सब केहू के प्रणाम,

 

दू तिन दिन  पाहिले  बेटी कहली की पापा फ्रेंडशिप बैंड कीने के बा. हम पूछनी की बाबू इ फ्रेंडशिप बैंड का कहाला? उ कहली की चली मार्केट दिखा देत बानी. मार्केट गईनी त राखी नियर फीता रहली सन, उहे हमार बेटी किनली त फ्रेंडशिप बैंड किना गईल. हम सोंचनी की अबे नु राखी बीतल हा आ फेरु से राखी काहे किनात बा, मेहरारू से पूछनी त उ मुंह बिचका के बोलली की रउवा कुछऊ पता रहेला? फ्रेंडशिप डे हर साल अगस्त के पहिलका इतवार के मनावल जाला.हम कहानी की ठीक बा, बहुत बढ़िया बा, दोस्ती के दिन भी फिक्स हो गईल बा, एहसे निमन बात का होई? हमार आपन लरिकाई  इयाद आ गईल..ढेरे संघतिया लोग रहे लो लेकिन ना ही हमनी के फ्रेंडशिप डे मनावत रहनी जा, ना ही केहू के फीता उता बान्हत रहनी जा..का दिन रहे उहो? एक दूसरा के संगे आदमी खेलो..केतनो झगड़ा हो जाओ लेकिन एक दू दिन में फेर इयारी हो जात रहे. यदि दोसर केहू हमरा के तंग करे के चाहे त हमार संघतिया लोग ओकर कपार फोड़े तक ले तैयार हो जाओ. बिना फीता के ही दोस्ती के बंधन बनल रहे जे आजो ले जीवंत बा. खैर आज के ज़माना में जन्हवा फ्रेंडशिप माउस के एक क्लिक से बन जाए के बा आ माउस के एक क्लिक से टूट भी जाए के बा, ओईजा कम से कम चौबीस घंटा के इ फ्रेंडशिप डे बहुत मायने रखत बा. ना त आज त फ्रेंडशिप सिर्फ और सिर्फ झूठ के बुनियाद पर खडा बा, यदि सांच के सामना हो गईल त टूटे में एको मिनट नईखे लागे के. सबेरे दोस्ती दुपहर तक दोस्ती ख़त्म. सबेरे लड़की के फ्रेंडशिप रिक्वेस्ट आईल, बुढऊ स्वीकार कईलन दोस्ती हो गईल , दुपहर में पता चलल की उ लड़की ना लईका हउवन आ इ जवान ना बुढाऊ हउवन, रिश्ता ख़त्म. त एह माहौल में फ्रेंडशिप डे मनावल आवश्यक बा, आ फीता से बान्हल भी जरुरी बा ताकि कम से कम एक दिन त एह दोस्ती के बान्ह के राखल जाओ. आरे हम त कहत बानी की अब त फ्रेंडशिप आवर  , फ्रेंडशिप मिनट भी मनावे के चाँही. केकरा एतना पेसेंस  बा की उ भर दिन दोस्ती के बन्चा के राखो.
फिलहाल त जानकारी के आभाव में एह साल हम एह पावन पर्व के ना मना पईनी हाँ. लेकिन वादा बा की अगिला साल जरुर मनाएम, फीता बान्हम आ बन्ह्वायेम. हम त तैयार बानी, रउवा तैयार बानी नु?
   
जय भोजपुरी 

Views: 32

Comment by sanjay panday on August 7, 2012 at 11:26am

bhaiya parnam 

bahut sunnar rachana aaj ke navaha khash karke college school wala log khatir

hamani fita na bannhat rahani bakir dil ke dor bannhal rahe aa ajuvo bannhal ba |

aaj ke dosti ke javan tasveer raua pesh kaini ha okara khato fita bannhal jaruri ba |

khair jab fita ke baat hoiye gail ba ta hamaro taraf se ego sunnar aa bada sa fita raua 

khatir |

freindshipday ke bahut bahut badhai aa shubhkamana |

jai bhojpuri |

Comment by Pankaj Praveen on August 7, 2012 at 1:08pm

उम्मीद बा अगिला साल एह मौका से पाहिले फेस टू फेस करब पाहिले ...:)

Comment by Ashutosh Ranjan on August 7, 2012 at 1:14pm

हा हा हा..कवन वाला फेस..बुक वाला भा आमना सामनी...दुनु होई आ होते बा 

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on August 7, 2012 at 8:05pm

आशुतोष भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी

बहुत खुब कहनी , बेजोड बात , बाकी का करब जुग बदलsता आ का दो इहे बदलाव ह ।

जय भोजपुरी

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service