Come, let's do something for Bhojpuri...
तंग इनायतपुरी जी के लिखल एगो बेजोड़ आ अभी तक अप्रकाशित गीत............
कल्पना कइलस गजब सिंगार केहू मन पड़ल ,
गीत के बिरवा भइल छितनार केहू मन पड़ल !
सुधि के सुरुज मन मुड़ेरा पर चढ़ल अगरा गइल,
रूप दर्शन के सुगंधित घाम सब छितरा गइल !
फेर फुलाइल आस के कचनार केहू मन पड़ल ,
गीत के बिरवा भइल छितनार केहू मन पड़ल ! !
एह किनारा भोग बा आ ओह किनारा जोग बा ,
आत्मा परमात्मा के बीच में सन्जोग बा !
साधना दोहमच में बा लाचार केहू मन पड़ल ,
गीत के बिरवा भइल छितनार केहू मन पड़ल ! !
का पता जीवन नदी के धार कहँवा ले बही,
राह में बिसभोर के कब के रही के ना रही !
आँख में अचके बसल संसार केहू मन पड़ल ,
गीत के बिरवा भइल छितनार केहू मन पड़ल ! !
दीन -दुनिया ,रूप-यौवन ,मोह -माया , धूप-छाँव,
चार दिन के चाँदनी बा फेर अन्हरिया ठाँव-ठाँव !
याद के जुगनू करे उजियार केहू मन पड़ल ,
गीत के बिरवा भइल छितनार केहू मन पड़ल ! !
देह माटी मन के गंगा में नहाइल रात भर ,
सत्य शिव आ सुन्दरम् के सुर सुनाइल रात भर !
प्रेम पूजा से मिलल अँकवार केहू मन पड़ल ,
गीत के बिरवा भइल छितनार केहू मन पड़ल ! !
जय भोजपुरी
Comment by Avanish Tiwari on August 3, 2012 at 7:21pm संजय भईया परनाम आ जय भोजपुरी ..
एक बहुत ही सुन्दर रचना इनायतपुरी जी के द्वारा लिखल .. बहुत बहुत धन्यवाद राउर इ रचना हमनी से साझ करे खातिर..
जय भोजपुरी...
Comment by भास्कर रंजन "सूर्य" on August 3, 2012 at 8:23pm भईया परनाम आ जय भोजपुरी
बहुते बहुते धन्यबाद रउआ के कि रउआ हमनी के तंग जी के एह रचना से परिचय करवनी ...
एगो बहुते सुनर रचना बा ई ... उहों के धन्याबाद बा कि एह रचना के हमनी के बीचे रखे के अनुमति रउआ के देहनी ...
जय भोजपुरी
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on August 4, 2012 at 2:14am संजय भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी
जय भोजपुरी फेरु भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन आ फेरु रउवा चलते हमरा तंग इनायतपुरी जी से मिले के आ सुने के मोका मिलल । उँहा के बोले के आ भोजपुरी साहित्य के टांठ आ खांटी जानकारी आ मंच संचालन के घरी कवि लोगन से सवाल जबाब आ ओकरा बाद ई कविता ...
भोजपुरी साहित्य खाति एगो बरिआर डेग परे वाला बा कम से कम एह रचना के पढला के बाद हम ताल ठोकि के कहि सकेनी ।
राउर बहुत बहुत धन्यवाद एह टटका आ बेजोड रचना से परिचय करावे खाति ।
जय भोजपुरी
Comment
© 2013 Created by Admin.
You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!
Join JaiBhojpuri.com