JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

आव भईया राखी बन्हाल , सावन में शुभ घड़ी आयल बा ।

आव भईया राखी बन्हाल , सावन में शुभ घड़ी आयल बा ।
कुमकुम चंदन के टीका लगा दीं , पूजा के बेरा आयल बा ।
साल भर पर आयल परब पावन ।
पूर्णीमा के दिन महिना ह सावन ।
चारों ओर मौसम बा मन भावन ।
राखी बान्हें खातिर बिकल बा मन ।
खड़ा बानी लेके पूजा के थाली , खुशी से मनवा फूलायल बा ।
आव भईया राखी बन्हाल , सावन में शुभ घड़ी आयल बा ।
हर दम खुश रह हमरो भईया ।
सबसे मनावेनी देवता देबी मईया ।
युग यग जीयें हमरो भईया ।
कबो ना आवे जीवन में बलईया ।
वर्मा फूली रहे भैया के फूलवारी , आशीष देबे के बेरा आयल बा ।
आव भईया राखी बन्हाल , सावन में शुभ घड़ी आयल बा ।
श्याम नारायण वर्मा

Views: 26

Tags: !, गीत

Comment by jitendra kumar thakur " dev " on August 2, 2012 at 11:58am

jai bhojpuri

bhut hi sundar . 

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on August 3, 2012 at 11:11am

बहुत नीमन

राखी के बहुत बहुत बधाई !

जय भोजपुरी

Comment by sanjay kumar singh on August 3, 2012 at 6:23pm

जय हो ............

बहुत  सुंदर  ..................

जय भोजपुरी 

Comment by Ajay Tripathi on August 6, 2012 at 6:15am

bahute badhiyaan rachnaa baa भाई बहन का रिश्ता अजब बा ,,, आप सबके बधाई

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service