JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

पंडित जी बताई ना वियाह कब होई ...

पंडित जी बताई ना वियाह कब होई ...


वइसे त हम लइकइये से बड़का रंगदार बानी अउर हमार घर परिवार खानदान, जिला जवार हमरा रंगदार होखला पे गर्व महसूस करेला ..करे भी कहे ना एह काम में सफलता के झंडा गाड़ी के हम जिला जवार के नाव भी त रोशन करत रही..हमरा एह आदत से कबो केहू के कौनो दिक्कत ना होखत रहे अउर पुलिस थाना कोर्ट कचहरी त हमरा घरही लागत रहे इहा तक की लखनऊ में नवका सरकार बनला से पाहिले राजा भैया हमरा से इ वादा कइले रहन की जब तहरा जेल गइला अनुभव लेबे के होई त तहरा हाता में ही एगो जेल बनवा दियाई..उ त हम इ कही के माना कई दिहनी की अगर अनुभवे लेबे के होई त कालापानी के लियाई भा कम से कम तिहाड़ से त अनुभव मिलही के चाही ..खैर इ सब त भविष्य के बात बा समय आई त देखल जाई.
समस्या इ बा की दू दिन पाहिले हमरा वियाह खातिर हमरा के  देखे खातिर देखनहरू आइल रहलन उहो लोग बड़का रंगदार घराना के रहलन अउर वियाह खातिर हमरा से रंगदारी में हमार अनुभव अउर सफलता के बारे में पूछत रहे लोग..अउर क्रम में हम अपन सब उपल्भ्दी गिना देहनी ..लेकिन देखनहरू में एगो  हाई टेक  लइका भी रहे उ पूछ लिहलस की डेढ़ साल पाहिले तोहरा पे एगो रंगदारी के चिरकुट नियन केश भइल रहे हम फेस बुक पे देखले रही ..अब हम त शर्म से पानी पानी हो गइनी कुछ कहले ना जात रहे ..लेकिन उ लइका हमार छीछालेदर करावे में लगी गइल रहे .कहलस की केतना लाज के बात बा की तू पाच लोग मिली के ख़ाली पाचे लाख के रंगदारी मंगला ..हमनी ऐसन घर में अपना परिवार के ल इ की ना दे सकेनी जेकर अस्तर पाच लोग मिल के पाच लाख के रंगदारी मांगे के होखे ..
अब त हमार सौसे जवार के आगे बड़ा बेज्जती हो गइल .हम ओकरा संगे सब के समझावत रही गइनी की ना उ पंडित जी  गलती से हमार नाव एह चिरकुट नियन केश में डाली दिहले बडान अउर जल्दिये पुलिस आ कोर्ट के फैसला हमरा पक्छ में आ जाई की हम आ हमार साथी लोग एह टुच्चा काम में शामिल नइखे .लेकिन अख़बार में लिखल बात के बिना अदालत के फैसला अइले कइसे साच साबित कइल जा सकेला .
अब पता ना बिहार के अदालत आ पुलिस हमार केश के कब ले निपटारा करी ..हम आ हमार घर वाला लोग बड़ा परेशानी में पड़ी गइल बा की अब हमार बियाह कइसे होई.ऐसन छोट मोट रंगदारी के केश में पड़े वाला घर में अपना बेटी बहिन के वियाह के करी .
अब त  पंडित जी ही हमरा के एह समस्या से निकली सकत बडान .अब त हम एहे कहब की  पंडित जी  चाहे कुछु करवाई लेकिन जेतना जल्दी केश कइले रही ओतने जल्दी हमार केश आगे बढवाई के हमरा के जेल भेज्वाई ताकि हमरा बियाह में पडल एह कांटा के जेल के अनुभव के संगे हम दूर कर सकी .कही हमार  वियाह वाला उमर गुजर गइल नू त हमहू मान हानी वाला केश करी देब ...फेर पैसा त रउवा भर देब लेकिन ओह वक्त बियाह वाला लइकी के दी ..?

Views: 139

Comment by Avanish Tiwari on August 1, 2012 at 4:44pm

प्रवीण जी . प्रणाम आ जय भोजपुरी ...
बड़ा बरियार लेख लिखले बानी :):)

जय हो ...

Comment by Sudhir Kumar on August 1, 2012 at 4:58pm

जय हो... महाराज, ई त बहुत बडहन संकट खडा हो गइल... ;)
बुझाता कि एह संकट से निकले खातिर कुछ अइसन करे के पडी, जवना से सामने वाला भी संकट में पड जाव। आखिर, लोहा ही लोहा के काटेला, त संकटवे संकट से उबारी...

Comment by Pankaj Praveen on August 1, 2012 at 5:01pm

अब का जाने का होई पंडित जी हेने होने कथा बाचे में पडल बाडन इहा लइका  के जान जात बा ..:)

Comment by sanjay panday on August 2, 2012 at 11:29am

praveen ji parnam a jai bhojpuri |

sudhir bhai sahi kahat bade .sankat hi sankat ke katela |

bhakir bahut garda lekh ba ji hahahhaa|

jai bhojpuri |

Comment by sanjay kumar singh on August 3, 2012 at 8:47am

बहुत  खुब ..............

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on August 3, 2012 at 11:11am

प्रवीन जी प्रनाम आ जय भोजपुरी

जबरजस्त लिखनी , बहुते बरिआर ! बडा ढेर दिन प बाकी एक दम जब्बर !

जय भोजपुरी

Comment by Mantu Singh on August 3, 2012 at 4:11pm

कोई बात ना भाई हमनी कि तोहार भावना के समझत बानी जा बा ब्यंग पर छुपल बात हमनी के बुझ गईनी जा जल्दिये कुछ ना कुछ करल जाई एह बिषय पे...

अति सुन्दर

जय भोजपुरी

Comment by संजीव सिंह on November 8, 2012 at 3:06pm

हा हा हा हा

बहुत खुब भाई जी

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service