JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

सजना ना मोर आइल

 

पिअवा ना आइल सखी, पिअवा ना आइल 

नाआइल , ना आइल , ना आइल 
पिअवा ना आइल , नाआइल , ना आइल 
सजना ना मोर आइल , ना आइल ना आइल 
ना जाने कवना सवतिया में अझुराइल , ना आइल 
अझुराइल ललल्ललल  अ अ अ अ  , ना आइल 
सजना ना मोर आइल , पिअवा ना मोर आइल 
सखी हो बलमा ना मोर आइल -----
 
केतना  दिन -  माह - साल बीतल हो 
केतना तीज -  त्यौहार  बीतल हो .
बलमा को मोर सूधनाही आइल , ना आइल 
सजना ना मोर आइल , पिअवा ना मोर आइल 
सखी हो बलमा ना मोर आइल -----
अखिया में लोर भर ताकेनी नी रसतिया 
कउवा - चिरैया से पूछेली सनेसवा -२
बादरा त बरिसे , मोर आँख पथराइल , ना आइल 
पिअवा ना मोर आइल .सखी हो  बलमा ना मोर आइल 
राहवा ताकत मोर बीतता उमिरिया ,
सावन में बरसे खूब काली रे बदरिया -२
अंखिया के कजरा सब धुलाइल , ना आइल 
पिअवा ना आइल सखी, पिअवा ना आइल 
नाआइल , ना आइल , ना आइल 
पिअवा ना आइल , नाआइल , ना आइल 
सजना ना मोर आइल , ना आइल ना आइल 

Views: 28

Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on July 31, 2012 at 10:32pm

bahut sunar jitender bhai jee

jai bhojpuri

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on August 3, 2012 at 11:22am

जितेन्दा भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी

बहुत बेजोड लिखनी , जबरदस्त !

जय भोजपुरी

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service