JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

ताकत बानी पिया जी के हो राह |

अरे  हथवा में लेइके पिया जी के पतिया 

ताकत बानी सजना के हो राह - की ताकत बानी पिया जी के हो राह |
जहिया से गइलन उ त पुरुब हो देसवाके
लोगवा कहेकी की अब नइखे मिले के आस 
मनवा में उठेला  ला ला हो हो 
मनवा में उठे ला लहरिया देख पिया के सुरतिया
ताकत बानी पिया जी के हो राह |
अरे  हथवा में लेइके पिया जी के पतिया 
ताकत बानी सजना के हो राह - की ताकत बानी पिया जी के हो राह |

लाल - लाल चोलिया , धानी रंग चुनरिया 
पिया बिन सुन लागे , हाथ के कंगनवा --२
अरे अंखिया के भर के कजरवा 
अरे  अंखिया में भरल सावनवा
ताकत बानी पिया जी के हो राह |
अरे  हथवा में लेइके पिया जी के पतिया 
ताकत बानी सजना के हो राह - की ताकत बानी पिया जी के हो राह |
बेर-बेर  पिया जी के  हम देखे  ली सपनवा 
मन घ ब रा ला  बरी  घर रे अंगनवा
अरे अंखिया में भर के पिरितिया 
ताकत बानी पिया जी के हो राह |
अरे  हथवा में लेइके पिया जी के पतिया 
ताकत बानी सजना के हो राह - की ताकत बानी पिया जी के हो राह |

Views: 27

Comment by Shyam Narain Verma on July 20, 2012 at 11:01am
प्रणाम जी

बहुत सुनर रचना !

जय भोजपुरी !
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on July 20, 2012 at 2:17pm

जितेन्दर भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी

बहुत नीमन , बहुत सुघर आ बहुते बेजोड लिखनी !

बडा ढेर दिन प आईल बानी ! आवल करी सेकराहे !लिखल करी सयगराहे ! 

जय भोजपुरी

Comment by Bishwajit yadav on July 20, 2012 at 10:54pm
जय भोजपुरी
परनाम भाई
एक औरत के बिरह के रउआ बहुत सुन्दर तरिके से रचना कईनी
Comment by jitendra kumar thakur " dev " on July 21, 2012 at 10:44am

jai bhojpuri naveen bhaiya

kosis ba ki rauwa sb ke sewa me hmesa rhi 

jitendra

jaibhojpuri

Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on July 22, 2012 at 1:50pm

jitender bhai jee pranam ,

bahute sunar sughar rachna 

dhanyawad post khatir .

jai bhojpuri !

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service