JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

भोजपुरी आ आठवा अनुसुची मे काहे : एगो बिछलहर वाली बात

भोजपुरी
का होई ?
बतावs बतावs
पेट मे जनि लुकवावs बतावs,
आखिर अईसन का हो जाई
भोजपुरी ,
जहिया भोजपुरी
आठवा अनुसुची मे
छपा जाई ,
त का हो जाई ?
भोजपुरियन के,
का नाफा भेटाई ?

नाफा ? अपना माई-भाखा के नीमन तबे देखबे जब नाफा भेटाई ? आ ना नाफा भेटाई त दुर दुर ?  चलु तोरा लागत बा आ ते एक दम से ब्यपारिये हो गईल बाडे त तोरा के गिनवाईये दी ।

नाफा नमर एक - भोजपुरी भाषा कहाई ।
नाफा नमर दु - भोजपुरी मे पढावल जाई ।
नाफा नमर तीन - भोजपुरी मे पढल आसान हो जाई ।
नाफा नमर चार - भोजपुरी मे किताब कापी छपाई ।
नाफा नमर पांच - भोजपुरी पढावे खाति भोजपुरिया मास्टर जोहाई ।
नाफा नमर छव - किताब छापे से पढावे ले कतने रोजगार ले के आई ।
नाफा नमर सात - गीत गवनई कला संस्कृति फिलिम सिनेमा नाटक नौटंकी के आधिकारिक तौर प पुछ दुर दुर ले जाई ।
नाफा नमर आठ - पढाई लिखाई नया नया रोजगार के जवार मे ले आई ।
नाफा नमर नव - पलायन खतम त ना बाकि कम जरुर हो जाई ।

" आ अंतिम बाकी ई अंतिम ना शुरुवात ह बुआ"

नाफा नमर दस - ई कुल्हि भईला के बाद तोरा लेखा भोजपुरिया ना कबो गरदन झुकाई आ ना कतहु भोजपुरी बोले लिखे सुने पढे मे लजाई ।

 


जय भोजपुरी 

Views: 44

Tags: अनुसुची, , आठवा, एगो, काहे, बात, बिछलहर, भोजपुरी, मे, वाली

Comment by Santosh tiwari on July 21, 2012 at 8:39pm
Marde....sahi kahla....
Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on July 22, 2012 at 1:22pm

एक एक शब्द अपने में गर्दा बा गंगा जल निहन पारदर्शिता मीठ स्वच्छ बा 

जिय जिय भाई जी जिय
नाफा नमर दस - ई कुल्हि भईला के बाद तोरा लेखा भोजपुरिया ना कबो गरदन झुकाई आ ना कतहु भोजपुरी बोले लिखे सुने पढे मे लजाई ।
औरु एह पे चन्हुप ला खातिर एका जरूरी बा जब कान्हा से कान्हा मिल जाई तब धरती हिल जाई !
जय भोजपुरी जिहिं जा भोजपुरी ! 
Comment by Manoj Kumar on July 23, 2012 at 11:12am

नवीन भाई प्रणाम आ जय भोजपुरी.

एह विषय पर पहिले भी रउआ नीमन से बतवले रहनी हा, बाकि एह बेर त ठेठ अंदाज में समझा के सही में गरदा मचा देहनी ह. वाह- वाह--बहुत बढिया...झकास तरिका!

जय हो..जय भोजपुरी. बम-बम भोले.

Comment by संजीव सिंह on July 23, 2012 at 4:30pm

जय हो ...

एक दम झकास बावे...

जय भोजपुरी

Comment by sanjay panday on July 24, 2012 at 1:21pm

ekdam khatee sanch ba bhaiya 

jai bhojpuri |

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service