JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

हम्मन के मजबूरी बा झोला छाप जरूरी बा : श्री नर्वदेश्वर पांडे "देहाती"

प्रणाम आ जय भोजपुरी

माफी चाहब , ई पोस्ट हमार लिखल रचना न ह, एह रचना के लेखक पूर्वांचल के मशहूर भोजपुरी कवि श्री नर्वदेश्वर पांडे "देहाती" जी बानी ! देहाती जी पिछला पन्द्रह साल से लागातार राष्ट्रीय अखबारन में विशेष कालम में भोजपुरी कविता ,कहानी ,व्यंग आदि लिखत रहल बानी ! ओहिमे से एगो एहुजा पोस्ट कर रहल बानी ! अगर एडमिन साहब का कवनो एतराज न होई ता आगे भी हम उहाँ के नाम से पोस्ट करत रहब ............धन्यवाद !!

 

सरकार झोला छाप डाक्टर लोग पर नकेल कसति बा। मुकदमा लिखत बा। जेल भेजे के तैयारी करति बा। येह सब कार्रवाई से दुखित मनबोध मास्टर के कहनाम बा कि हम्मन खातिर झोला छाप ही भगवान हवें। हम्मन के मजबूरी बा। झोला छाप जरूरी बा। सरकार जगहे-जगह जवन सरकारी अस्पताल खोलले बा उ खुदे बेमार हो गइल बाड़न। सरकारी डाक्टर लोग अस्पताल में कम डेरा पर मरीज देखला में ज्यादा रुचि लेत हवें। जवन डाक्टर जेतने नामवर ओकरा आंगन में ओतने मरीजन के भीड़। कई जने डाक्टर लोग अस्पताल से तनख्वाह आ अपनी नर्सिग होम में मरीजन के सेवा करत हवें। जवले परिजनन की जेब में पइसा तबले सेवा। ओकरा बाद भगवान मालिक, मरीज मरों चाहे जीओ अपनी भाग्य से। शहर से सदर ले डाक्टरन के ऊंच हवेली देख के अंदाजा लगालीं । बेमारी जेतने भारी,डाक्टर के फीस ओतने भारी। डाक्टर लोग के तरह-तरह के नामकरण सुनि के मास्टर का बहुते दुख होला। कहलें- हम त डाक्टर लोग के भगवान के भाई समझत रहलीं लेकिन वाह रे! लोग, खूनचूसवा, कीडनीबेचवा, बच्चाबेचवा,अंखिफोड़वा, जनमरवा, जेबनोचवा..केतना नाम ध दीहलें। गांव-देहात में रात के जब केहू के कपरबथी, पेटगड़ी, दूनो पवन चली त झोला छाप डाक्टर लोग ही कामे आवेलन। गांव से कोस -दू कोस दूर सरकारी अस्पताल पर गइला पर अक्सर पता चलेला कि डाक्टर साहब शहर में अपनी नर्सिग होम पर चलि गइल हवें। कई जगह त चौकीदार चाहे सफाईकर्मी ही रात की बेरा एमरजेंसी के डय़ूटी निभा देलन। झोला छाप डाक्टर लोग के डिग्री डिप्लोमा जांच कइला की पहिले जव सिस्टम बेमार बा ओकर दवा होखे के चाहीं। रात में सीएचसी होखे चाहे पीएचसी डाक्टर लोग के रहल जरूरी कइल जा। दिन में डाक्टर लोग की केबिन में अंड़सल एमआर आ बहरा फर्श पर छटपटात बेमार के देखि के इहे लागेला कि इ व्यवस्था ही बेमार बा। सरकारी डाक्टर, सरकारी दवा यदि सवके सुलभ हो जाई त केहु का कुक्कुर ना कटले बा कि झोला छाप डाक्टर लोग से जेब कटवाई। करोड़न रूपया की लागत से निर्मित सरकारी अस्पताल डाक्टर बिना ‘ चौके के राड़ ’ अइसन लागेला। झोला छाप डाक्टर लोग पर होत कार्रवाई पर देखीं इ कविता केतना सधत बा-

 हम्मन के मजबूरी बा। झोला छाप जरूरी बा।। दुरुस्त करù पहिले व्यवस्था, तब कार्रवाई पूरी बा।। डाक्टर के कुरसी से बान्हù, अस्पताल में उनके छान्हù। तोहार व्यवस्था बेरमतिहा बा, ओकरा जड़इया-जूरी बा।। झोला छाप के छुट्टा छोड़ù, सरकारी के पगहा जोड़ù। बहुत अगर उत्पीड़न होई, त बाकी थुरा-थुरी बा।।

Views: 33

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on July 20, 2012 at 2:20pm

शिवानन्द जी प्रनाम आ जय भोजपुरी

श्री नरदेसर जी के बात एक दम बीस आना सही बा ! भोजपुरी मे नीमन गद्य लिखाईल बा , खरा खरा बोली के अपना संगे लेहले ई लेख सांचहु बहुत बरिआर घाव करत बा हमनी के बेवस्था प ।

धन्यबाद एजुगा पोस्ट करे खाति

जय भोजपुरी

Comment by shiva nand dwivedi sahar on August 14, 2012 at 8:35pm

प्रणाम आउर जय भोजपुरी नवीन भईया

नर्वदेश्वर जी भोजपुरी के एगो मानी ता गुमनाम कवि बानी जेकरा के ऊ मुकाम नइखे मिल पावल जवन के उहाँ का हकदार बानी !

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service