JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

बुना बानी  के फोहार होई 
बगली मे चिउरा चबेनी के भरमार होई 
संघतियन संघे धसोरा धसोरी 
छिछली खेला मे होत मारा मार होई 

बोल बम के नारा से गूँजत जिला जावर होई !
 

हरियर हरियर मय बगइचा बसवारी होई
नील गाई हरिनियो के अब माल भेटात होई 
सीताराम भाई के भैसियों के अलगे ठाट  होई :-)
अब त धोबियो के तैयार गड़हा मे घाट होई 
 
 
कबड्डी कुस्ती फाग अब कुदात होई 
लिट्टी-चोखा, गोझा पेट्वो के आस होई 
जनेरा के छीटे खातिर तयारी कुछु खास होई 
जन जन के मन मे भरल हर्षो उल्लास होई 
 
 
कहेला राजीव भोजपुरिया 
मत खेल जा प्रकृति से ना त कबो ना एह कुलही से भेंट-मुलाकात होई !!
 
 जय भोजपुरी !
तनी जियल जाऊ भोजपुरी !!

Views: 89

Tags: बानी, बुना

Comment by संजीव सिंह on July 11, 2012 at 1:46pm

राजीव भईया प्रनाम,

सावानी फुहार से लबरल राउर ई रचना बहुते  निमन लागल।

परदेश मे बईठल एगो आदमी अपना देश, गाँव के बारे मे सावन मे का-का सोचत होई, कईसन तस्वीर बनावत होई अपना गाँव घर के, ऊ सभ कुछ बावे ऐह कविता मे। बहुत बढीया।

अउर अंत मे जवन सनेस देले बानी ओकर कवनो मोल नईखे। बहुत बढीया राजीव भईया...।

जय भोजपुरी

Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on July 11, 2012 at 6:26pm

संजीव भाई जी रउरा नेह छोह खातिर हार्दिक आभार जय भोजपुरी !

तनी जियल जाऊ भोजपुरी !!
Comment by sanjay panday on July 12, 2012 at 11:30am

bahut sahi bhaiya 

jekara dekhe hokhe aab dekhe u.p. bihar ke bhaktee|

jai bhojpuri  har har mahadev

bol bam

Comment by Umesh Gautam on July 12, 2012 at 7:27pm
बरसात के सुनर चित्रण कईले बानी । शानदार आ सुनर । जय भोजपुरी ।
Comment by Ashutosh Ranjan on July 12, 2012 at 9:07pm

राजीव जी प्रनाम,

 

बरसात के सुनर चित्रण कईले बानी . शानदार आ सुनर .
 
 
जय भोजपुरी
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on July 13, 2012 at 12:08pm

राजीव भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी

नीमन भाव एक दम गह गह गमकत माटी के सोन्ह खुशबु के देखावत झिसी फुहेरा झटास ले ले ... राउर बुनी बानी सांचो बेजोड बा ! आ एकरा वजह से का सीन बनेला ओह के जवाबे नईखे !

बेजोड !

जय भोजपुरी

Comment by Gunjan Singh on July 13, 2012 at 12:41pm
Bahut mast lagal raur e rachna..dhanyabad raura etna sundar racna khatir..
Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on July 13, 2012 at 1:58pm

संजय भाई जी , उमेश बबुआ . आशुतोष भाई जी , नवीन भाई जी , गुंजन भाई जी , 

हार्दिक आभार रउरा सभे के इहे नेह छोह हमार प्रेरणा स्त्रोत ह !
जय भोजपुरी जिहिं जा भोजपुरी !
Comment by Shyam Narain Verma on July 13, 2012 at 4:54pm
राजीव जी प्रनाम,
बरसात के सुनर चित्रण कईले बानी । शानदार आ सुनर ।
बेजोड !


जय भोजपुरी ।
Comment by मुकेश मिश्र (राजू बाबा) on July 13, 2012 at 6:08pm

राजीव भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी!

बहुत सुन्दर बुना-बनी के चित्रण कैले बानी.एकदम गाँव के बरसात के सीन आँख के सोझा हो गइल.

आ लास्ट में जवन सनेस बा

        मत खेल जा प्रकृति से ना त कबो ना एह कुलही से भेंट-मुलाकात होई !!

                          

                                           एकदम बेजोड़ ...........

        जय भोजपुरी!

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service