JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

"गोरख पाण्डेय के भोजपुरी गीत"

सभ केहू के प्रणाम आ जय भोजपुरी ...

 

"गोरख पाण्डेय के भोजपुरी गीत", जवना के संपादन श्री जीतेन्द्र वर्मा जी कईले बानी, एक अईसन किताब जवना में गोरख पाण्डेय जी अईसन गीत छपल बाड़ी सन जवन कौनो ना कौनो मायने में रउवा के झकझोर के रख दी, चाहे उ समाजवाद से सम्बंधित होखो, दलित जीवन से सम्बंधित होखो, अक्सरुआ नेता लोग के वोट के राजनीति होखो, जनता के जागृति के बात होखो, सीसा के घर में रह रहल लोगन के बात होखो, सभ तरह के गीत जवन पढला पर एक छवि बन जाता दिमाग में, जो काहे पर मजबूर कर देता कि हां इहे साच ह ...

ओही किताब से एक गीत एइजा लिख रहल बानी, जवन कि आज के परिपेक्ष्य में निल्कुल सटीक बईठ रहल बा आ हमेशा बईठी ...

बीतता अन्हरिया के जमनवा हो संघतिया
सभके जगा द

गंउवा जगा द आ सहरवा जगा द
छतिया में भरल अंगरवा जगा द
जईसे जरे पाप के खनवा हो संघतिया
सभके जगा द

तनवा जगा द आपन मनवा जगा द
अपने जंगरवा के धनवा जगा द
ठग देखि मांगे जगरनवा हो संघतिया
सभके जगा द

नेहिया के बान्हल परनवा जगा द
अँसुआ में डूबल सपनवा जगा द
मुकुति के मिलल बा बयनवा हो संघतिया
सभके जगा द

हथवा जगा द हथियरवा जगा द
करम जगा द आ बिचरवा जगा द
रोसनी के रच नया जहानवा हो संघतिया
सभके जगा द

बीतता अन्हरिया के जमनवा हो संघतिया
सभके जगा द ...

 

 

कही लिखे में कउनो त्रुटि भईल होखे त क्षमा चाहेम...

Views: 75

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on July 2, 2012 at 8:10pm

अवनीश जी प्रनाम आ जय भोजपुरी 

गोरखनाथ पांडे जी के नीमन रचना बडुवे ! उँहा के भोजपुरी बहुते नीमन नीमन रचना कईले बानी । 

धन्यबाद हमनी के जरी ले एह गीत के ले आवे खाति 

जय भोजपुरी 

Comment by Avanish Tiwari on July 2, 2012 at 8:14pm

भईया .. प्रणाम आ जय भोजपुरी ..
प्रयास रही कि उन्हा के सगरी रचना के जय भोजपुरी पर कलमबद्ध कर दिही ..

Comment by Umesh Gautam on July 2, 2012 at 8:48pm
बहुते सुनर काम कईनी । जय भोजपुरी ।
Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on July 3, 2012 at 7:04pm

aabhar bhai jee etna niman rachna se parichit karawla khatir !

jai bhojpuri !

Comment by SURAJ DWIVEDI 'SARAS' on July 7, 2012 at 12:06am
baah ji,bahute neek geet ba.
Dhanyawaad
Jai bhojpuri.

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service