JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

सुननी हई जे ऊ दिल्ली मे ही,

घर आपन बसवले बाडी,

बाकीर तबो ऊनका घरे गईल,

अब ऐतना आसान नईखे,

काहेकि अब ऊ ऐतना निचका ना रहेली,

कि आवाज दी अउर बोला ली।

अब ऊनका लगे जाऐ खतिरा,

दु गो मैट्रो बदले के पडेला,

ना जाने कई गो रेलिंग कुदे के पडे ला,

अउर कई गो पुल लांघे के पडेला।

उनकर घर त अब अईसन भी नईखे,

कि केवाडी खट-खटाई अउर खुल जाव,

हमरा कदम ताल के सुन,

ऊ दुआरी प मुस्कात चली आवस।

अब उनका घर मे जाऐ से पहिले,

एगो चौकिदार हमरा के घुरे ला,

जईसे हम कवनो आतंकवादी हई,

हमरा से एगो रजिस्टर मे,

दस्तखत करवावे ला,

नाम, काम अउर धाम लिखवावे ला,

अउर अंत मे मिले के कारण...

बस ऐह कारण प हम रूक जानी,

दुर कही भुला जानी,

का लिखी अउर का ना लिखी?

का ई कि उनकर घर हमरा खातिर,

कवनो सुनर फुलवारी से कम नईखे,

कि उनका से मिलते ही,

हमरा भीतर ढेर गुलाब खिल जाला?

का ई लिखी कि कुछ सुने-सुनावे के बा,

भलही ऊ हमरा भितर के मौन ही काहे ना होखे?

Views: 75

Tags: संजीव

Comment by Shankar Rai on June 21, 2012 at 6:55pm

Bahut Niman lagal bhai ji 

Comment by Rajnish Kumar Singh on June 21, 2012 at 9:59pm

bahut khub............

Comment by sanjay panday on June 22, 2012 at 10:29am

jai bhojpuri bhai ji |

bahut sunnar bhav ,kahani se badhiya kavita,kavita se badhiya kahani 

ek dusare par bhari ba duno |

bahut bahut dhanyavad |

jai bhojpuri 

sanjay pandey 

Comment by Umesh Gautam on June 22, 2012 at 8:07pm
bahut achha.
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on June 23, 2012 at 6:38pm

संजीव भाई जय भोजपुरी

बुला एकरे के बिकास भईल कहल जाला बाकि हतना मुआही आ तबो लोग बिकास जोहत बा ?

बेजोड लिखनी संजीव भाई बेजोड ! बिकास त भईल बाकी लोगन के प्रेम भाव के बीच मे फईलल दुरी के बिकास भईल बा ।

बेहतरीन रचना !

आ राउर मजबुरी हम बुझि सकेनी ;-)

जय भोजपुरी

Comment by Ashutosh Ranjan on June 29, 2012 at 4:37pm
बहुत सही संजीव भाई...राउर दरद हमनिए बुझ सकिले...
 
जय भोजपुरी
Comment by Bishwajit yadav on July 2, 2012 at 9:52pm
जय भोजपुरी
परनाम भाई राउर रचना मे हमके भाव बहुत निमन लागल
Comment by Bishwajit yadav on July 2, 2012 at 9:58pm
जय भोजपुरी
परनाम भाई राउर रचना मे हमके भाव बहुत निमन लागल

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service