JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

चिरइया जब बाग फुलवारी डोले ले

कुछु कुछु देखेले कुछु कुछु बोले ले

बुझे वाला के बुझाला उ का बोले ले


भोरे भोरे सुप्रभात ,

सांझी खानी सुभ संध्या रस कनवा में घोरे ले

जब खाला कवनो मिट्ठू भा गिलहरी फलवा

के चहक चहक चेतावे ले !
 


पछुवा पुरुबुवा बयार के सनेश ले आवे ले

सर्प घर मे खेत खरिहान मे ढुकी त

चीचिया के बतावे ले !
 


औरु देखीं सभे जब आवे लागब जा कमाए जत्रा करे

फेरु लवट के अइह  इहे ह तोहार खोता मन परावे ले !
 


कहे ला राजीव भोजपुरिया :-
पूरा जिनगी सोच के देखब सभे साँच हीत के जइसन बतियावेले

अंतिम सनेश के ओह घरी तक हमनी संगे आपन फर्ज निभावेले !

जय भोजपुरी जिय भोजपुरी !!

Views: 55

Tags: !!, चिरइया

Comment by Umesh Gautam on June 19, 2012 at 8:54pm
सही बात आ सुनर बात । बहुत खुब । जय हो ।
Comment by संजीव सिंह on June 20, 2012 at 10:40am

राजीव भईया प्रनाम,
बहुत बढीया...। लाजबाब बावे राउर ई रचना।
चिरई सन के महत्व अपना जिनगी मे केतना बावे राउर ऐह रचना से ही बुझा जात बावे। अनमेल शब्दन के बिजोड संगम भील बावे। बहुत बझीया भाई जी। जय हो...।
जय भोजपुरी

Comment by arjun rai on June 20, 2012 at 6:09pm
जय भोजपुरी बहुत सुनर रचना बा जारी रखी।
Comment by sanjay panday on June 20, 2012 at 6:31pm

bparnam bhaiya 

bahut sunnar baat wah kamal ba|

jai bhojpuri 

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on June 23, 2012 at 6:32pm

राजीव भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी

चिरई चुरुंग बहुत नीमन से बेवस्थित बाडन आ ओकनी के खतरा इंसान से ज्यादा बा ।

अईसे बडा नीमन से सरिहारी के एक एक परतोख के गम्हिराह रुप देले बानी ।

सोचे प मजबुर कई देबे वाली रचना ।

जय भोजपुरी

Comment by Bishwajit yadav on June 27, 2012 at 10:26am
जय भोजपुरी
परनाम राजीव भईया
गाँव के बहुत सुनर चित्रण पढला पर पुर t.v के जईसन नजरियाँ के आगे घुमे लागल ह
टच माई दिल भइया
कहे ला राजीव भोजपुरिया :-
पूरा जिनगी सोच के देखब सभे साँच हीत के जइसन बतियावेले
अंतिम सनेश के ओह घरी तक हमनी संगे आपन फर्ज निभावेले !
जय भोजपुरी जिय भोजपुरी
Comment by Ashutosh Ranjan on June 29, 2012 at 4:38pm
राजिव भाई प्रणाम,
 
बहुते निमन से चिरई पर राउर रचना बनल बा. बहुत बढ़िया..बहुत बहुत धन्यवाद.
 
जय भोजपुरी

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service