Come, let's do something for Bhojpuri...
हमरा गांव में ..........................
चिरिया के चहचआह्ट, बसंती भोर
निर्गुण से जुड़ जा ला सुरुज के डोर
जह्न्वा बा गंगा जी के निर्मल जल
भोरे भोरे निकलेला कान्ही पे हल
अंखिया जोहे ला जवन पल
हमरा गांव में ...................................
पीपर नीम के छांव मे कट जाला दुपहरिया
दूध, सजाव दही माठा से अगराला देहिया
मकुनी गोझा मे माई बहिनी के सनेहिया
जह्न्वा आजुवो घुंघटा मे निकले दुलहिनिया
हमरा गांव मे ........................................
गोधुली साँझ मे आजुवो लागेला हाट , दोकान
कान्ही पे गमछा लेके निकले ले सभ बूढ़ जवान
ओहिजे होला बतिया खेत बधार जिला जवार के
राजनितिक, सामाजिक आपसी तकरार प्यार के
हमरा गांव में ..........................................
चांदनी रात के अंजोरिया में जब होरहा झोराला
लिट्टी, भंटा के चोखा खातिर होखेला हो हा ला
के ह बेटा के ह चाचा के ह बाबा इहो ना बुझाला
फेरु एके संगे मिली के खरिहान लीपल जाला
इहे त भोजपुरिया नेह छोह सनेहिया कहाला
जय हो माट्टी माई, जय भोजपुरी जिय भोजपुरी !
राजीव !
Comment by Brij Kishor Tiwari on March 20, 2012 at 1:45pm waaaaah........
jabarjast ...........
jai bhojpuri aa pranaam...........
Comment by Shakti kumar singh on March 20, 2012 at 4:07pm देश का एक अलग चेहरा हमारे देश की गांव, सुंदर कविता
Comment by Chandra Prakash Dubey on March 20, 2012 at 7:40pm राजीव जी,
जय भोजपुरी,
सबसे पहिले त चाना आ खरिहान के तईयारी के फोटो मन के छू गईल.
दुसरका बात आपके लिखल भावना से पूरा हो गईल.
Comment by Rajnish Kumar Singh on March 20, 2012 at 9:12pm Bahut khub bhaiya bahut jhakash ba........
Tohar:
Rajnish Kumar Singh
Jaibhojpuri.com
Comment by dhiraj kumar yadav on March 21, 2012 at 8:47pm
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on March 21, 2012 at 8:49pm राजीव भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी
गांव गांवे होला गांव होला से आपन गढ होला आ गढ माने की सब कुछ ।
बहुत नीमन आ सुनर तरिका से बेजोड फोटो के संगे संगे मन के भाव गांव के भाव गांव मे बसल हर एक रिश्ता नाता के भाव एह रचना मे सवाचि देले बानी सरिहार के सोझा राखि देले बानी ।
बहुत ही जबरजस्त ।
साधुवाद
जय भोजपुरी
bhaiya parnam a jai bhojpuri |
bahut sundar photo ekdam gave chahup gaini |
aur aur rachana ta char chand ho gail fotaua ke upar
bahut abhut dhanyavad
jai bhojpuri
sanjay pandey
Comment by FAIYAZ AHMAD [RINKU] on March 25, 2012 at 9:01pm राजीव भाई जय भोजपुरी,
फोटौवो से माटी के खुशबू आवत बा ।
बहुत सुंदर पोस्ट ।
धन्यवाद
Comment by arjun rai on March 29, 2012 at 3:50am राजीव भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी!
फोटो के संगे संगे मन के भाव,माटी के खुशबू!
बहुत सुंदर रचना ,धन्यवाद!!
Comment
© 2013 Created by Admin.
You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!
Join JaiBhojpuri.com