Come, let's do something for Bhojpuri...
Comment by संजीव सिंह on February 24, 2012 at 7:51pm अनूप जी प्रनाम,
खाली फोटो देखला पऽ तऽ खेत-बारी के समुचा याद पुरबईया बयार नियन मन मे समा जात बा। अउर मन ई कहत बावे कि शायद कवनो फिलीम के निर्माता/निर्देशक अभी ले भोजपुरिया क्षेत्र के अईसन रंग नईखे देखले ना तऽ सरसो आ गेँहु के खेत फिलीम मे देखावे खतिरा ऐकरा से बढीया प्लेटफार्म कवनो अउर नईखे हो सकत।
देखी बदलाव दुनिया मे अपरूपी होला ओकरा के केहु "विशेष आदमी" ना करेला। एगो जन समुदाय जब एकमत हो के कवनो काम करे, तबे बदलाव हो सकत बा। बाकीर ओहीजा एगो "निश्चीत आदमी" के अदंर बदलाव के हमनी अपरूपी नईखी सन देख सकत। ओह आदमी के भितर बदलाव तबो होई जब ऊ खुद चाही। अउर अनूप जी, दुनिया बदले ले, समय बदले ला कबो-कबो जिनगी भी बदल जाला ई सभ ठीक बा अउर बदले के भी चाही। बाकीर आदमी तऽ उहे निमन जवन हर स्थीति-परिस्थीति के अपना नियन बना लेबे ई ना कि खुदे ओह स्थीति-परिस्थीति के रंग मे मिल जाव। बिजोड रचना बावे ई अउर अर्थ से भरल एगो रंगीन अउर सुनर सवाल बावे जवन खुद अपना से पुछल गईल बा। बहुत बिजोड भाई जी।
समुचा जिनगी मे केतना बा झमेला,
अकेला मे मनगुप्ते जियरा ई कहेला।
रहीयो आपन आ मंजील भी आपन,
भय बा केहु से छुट ना जाव दमन।
सोचेनी खुद के करी अपना मे व्यक्त,
ऐही बहाने व्यस्त रही भा रही मस्त।
जय भोजपुरी
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on February 24, 2012 at 9:44pm अनुप भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी
जिनगी के सुर ताल आ राग , प्राकृतिक सुन्दरता से भरल राउर ई रचना आ एह रचना के बैकग्राउंड सांचो एकर जोड नईखे बेजोड बा ! एक दम सही कहनी की मस्त रहे के चाही , बाकी मस्त अईसन ना की देहि उखमजला लेखा रहे ! जवन जिनगी के सुर लय ताल आ राग रउवा बतवले बानी ओह के ध्यान मे राखि के मस्त रही आदमी त सब एक दम सही जाई बाकी नीमन बाउर त जिनगी के हिस्सा ह ओकरा से केहु बांव ना जा सकेला !
बेहतरीन रचना !
जय भोजपुरी
Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on February 25, 2012 at 11:13am
Comment by Rajesh Yadav on February 26, 2012 at 10:48am Anoop Bhai Pranam aa Jai Bhojpuri,
II photo dekh ke maan gadgad ho gayel aa alloia baith gayel hoi ...kod ke bhuje ke man karat ba ...pakala ki baad mahiya sathe khaila me khoob nu anand aai.
Bakki rauri rachan ke ta kawano jawabe naikhe....bejod aa ekdam bejod...
Jai Hind aa Jai Bhojpuri.
Comment by FAIYAZ AHMAD [RINKU] on February 26, 2012 at 7:00pm अनूप भाई जय भोजपुरी,
हरि हरियायिल फोटो पर खिलल कविता।
anoop bhaiya parnam a jai hojpuri |
ekdam kareja hariyar ho gail .
bada deen ke baad lautala lekin bahut sari hariyari ke sath |
bahut bahut dhanyavad |
jai bhojpuri
sanjay pandey
Comment
© 2013 Created by Admin.
You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!
Join JaiBhojpuri.com