JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

दूसरा केहू के मेल आईडी और पासवर्ड जाने के आसान तरीका |

सब केहू के जय भोजपुरी,
हेडिंग पर मत जाई उ रौवा के बोलावे खातिर हम चारा डलले बानी,हई तनी धेयान से पढेम|   

आज के वक़्त में कंप्यूटर के चोरवन से बचल बहुत मुश्किल बा|बिना बतवले और बिना पुछले केहू के कंप्यूटर में घुस के ओह कंप्यूटर के डाटा चोरी कईल एक्नी के काम बा,और उ डाटा कुछ भी हो सकत बा राउर इ मेल के ताला-चाभी यानि आई-पासवर्ड या फिर राउर खाता-बही के पासवर्ड |आज कल लोग के लगे वक़्त भी बहुत कम बा अगर केहू के कुछ ख़रीदे के बा त उ घरे बईठल कंप्यूटर के द्वारा ऑन-लाइन खरीदारी कर लेत बा या फिर कौनो तरह के बिल के भुगतान करे के बा त उहो इन्टरनेट के द्वारा बहुत ही आसानी से हो जात बा कुल मिला के कंप्यूटर और इन्टरनेट के वजह से ज़िन्दगी के बहुत काम आसन हो गईल बा और इन्सान के बहुत सारा वक़्त और उर्जा के भी बचत हो जात बा |लेकिन ,तनी एह "लेकिन" पर गौर फरमायेंम लोग ,लेकिन अगर रौवा तनी सावधानी न बरतेम त राउर कंप्यूटर में भी चोरवा घुस जईहन सन और रौवा पता भी ना चली और राउर मेल अकाउंट के आईडी-पासवर्ड और राउर बैंक अकाउंट के डिटेल जुना में राउर आईडी-पासवर्ड होला जुना के इस्तेमाल रौवा ऑन लाइन भुगतान खातिर करेनी चोरी हो जाई |  

एगो छोटा सा नमूना देखि----------------------

बहुत बार अईसन होला की रौवा जब कौनो वेबसाइट पर आपन अकाउंट बनावेनी ता एगो फॉर्म भरे के पड़ेला जुना में नाम इ-मेल आईडी और थोडा बहुत जानकारी भरे के पड़ेला,सब भरला के बाद आखिर में एगो सन्देश लउकेला की राउर इ मेल आई डी में व्हेरी फिकेशन लिंक भेज दिहल गइल बा ओकरा के पाहिले क्लिक करीं और एह सन्देश के निचे गूगल,yahoo और rediffmail जईसन वेबसाइट के नाम लिखल रहेला जुना में ज्यादातर लोग के इ-मेल आईडी रहेला |

अब होला इ की लोग असक्त के मारे अपना इ-मेल प्रोवईडर के पता टाइप न करेला लोग बल्कि ओहिजा से google,yahoo,या rediffmail के क्लिक कर देला लोग और इहे सब से बड़ा गलती होला|

गलती के तरह से होला ओकरा के जाने खातिर हई Gmail.com के क्लिक करीं |

पूरा पेज Gmail खानी बा लेकिन रौवा जब आपना ब्राउसर के एड्रेस बार में देखेम ता उहा gmail.com के जगह कुछ और लिखल बा Gmail के कौनो नामो निशान नईखे |

और हमरा पूरा यकीन बा की १०० बार में से ९९ बार हमनी के एड्रेस बार पर धेयान न देनी सन|अब अगर रौवा एह दुबलिकेट Gmail में आपन इ मेल आईडी और पासवर्ड भरके क्लिक करेम ता राउर आईडी पासवर्ड हमरा लगे इ मेल के द्वारा आ जाई|

अब रौवा खुद सोची की राउर इ मेल और पासवर्ड अगर केहू दोसरा लगे चल जाई ता राउर केतना नुकसान होई |एह पोस्ट में एतने काहे से की आभी बहुत कुछ लिखे के बा और उ अगिला पोस्ट में | 

 

 

Views: 366

Tags: rinku

Comment by Admin on February 4, 2012 at 10:38pm

रिंकू भाई, प्रणाम आ जय भोजपुरी,

जय भोजपुरी परिवार के एडमिन टीम का ओर से हम एह पोस्ट खातिर रउआ के धन्यवाद दिहल चाहेब। इंटरनेट पर होखे वाला धोखाधडी के प्रति लोगन के जागरुक कइल जरुरी बा, अउर इंटरनेट पर एह तरह के चीजन के प्रचार-प्रसार होखे के चाहीं, ताकि आम आदमी एह से बच सको। हमनी के आशा बा कि इंटरनेट पर आम आदमी के निजता अउर सुरक्षा भा साइबर क्राइम से बचाव से संबंधित एह तरह के अउर भी पोस्ट देखे के मिली।

Comment by नवीन भोजपुरिया ( NB ) on February 4, 2012 at 10:45pm

रिंकु भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी 

बहुत बेजोड आ बेहतरीन जानकारी , सांचो एह से कतना लोगन के फायदा होई एकर अन्दाजा लगावल मुश्किल बा बाकी हमरा फायदा भईल एह बात के गारंटी बा ! 

बहुत बेहतरीन हरमेसा लेखा एगो नया जानकारी , नया बात दिल के सौगात कम्प्युटर खाति खास , अब बुझि ली हमहु हो जाईब पास ! 

चोरवन से होशियार ;-)  

जय भोजपुरी जिआ भोजपुरी 

Comment by शशि कुमार सिंह (SHASHI) on February 4, 2012 at 11:29pm

प्रणाम आ जय भोजपुरी रिंकू भाईया,


हरमेशा नियन ऐगो बहुत ही काम के जान्कारी जे बहुत लोग के धोखाधरी से बचा सकेला...
हमरा नियन नवसिखीया नेट युजर खतिर त राउर दिहल जान्कारी वरदान बावे......

बहुत बहुत धन्यवाद ..........

जय भोजपुरी

Comment by dhiraj kumar yadav on February 5, 2012 at 7:04pm
Badiya Jankari Hai Bhai, Thanks
Comment by L.P.Kahar on February 7, 2012 at 10:28pm

bhai pranam.

aap ke jankari se hamra sathe-sathe sabka ke fayda gokhi. bahut bahut dhanyvad.

 

Comment by Sanjeev Kumar on February 8, 2012 at 3:37pm

रिंकू भाई प्रणाम,

वईसे त रवुआ भिरी से आईल हर जानकारी रोचक, ज्ञानवर्धक अउर नयापन से गदराईल रहेला बाकीर तबो ई जानकारी के कवनो जोड नईखे। बहुत बहुत धन्यवाद भाई। 

आज के समय मे किसीम मे नया अउर सबसे घातक भ्रष्टाचार्य त ईहे बावे बाकीर अपशोस कि केहू ऐकरा के रोके खतिरा अनशन नईखे करत...

जय भोजपुरी

Comment by prince pratap singh on February 13, 2012 at 2:08pm

Comment by Mukesh Singh on February 13, 2012 at 2:23pm

बहुत बेजोड आ बेहतरीन जानकारी

Comment by RAHUL KUMAR on February 14, 2012 at 7:45am

sabhi bhojpuriya log ke happy valentine's day .....................

Comment by Chandra Prakash Dubey on February 16, 2012 at 10:10am

रिंकू जी,

 जय भोजपुरी ,

नेट के इस्तेम्मल करेवाला लोग के खातिर एगो बहुत उपयोगी जानकारी,

अईसने जानकारी से आम आदमी नेट प हो रहल चोरी चमारी से बची सकेला.

बहुत बहुत धन्यावाद

 

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service