JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

हर हाथ के काम चाहीं , काम के पूरा दाम चाहीं ...........

  सभे  के हार्दिक प्रणाम ,

गणतंत्र दिवस के पावन अवसर पर पंजवार , सिवान के प्रभा-प्रकाश  डिग्री कालेज के परिसर में गजब के उत्साह रहे . काहें ना रहे -एह दिन" नर्मदा बचाओ आन्दोलन " से जुडल नेत्री मेधा पाटकर जी एजुगा आवे के रहली . भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मलेन -२ के सफल आयोजन के बाद प्रभा -प्रकाश डिग्री कालेज वैसे भी चर्चा में बाटे . एह साल के गणतंत्र दिवस समारोह के मुख्य अतिथि मेधा पाटकर के नाम एह क्षेत्र के बुद्धिजिवी लोगन खातिर नया त ना रहे लेकिन इनका काम के बारे में एजुगा के लोग बहुत ज्यादा भी ना जानत रहे .  जैसहीं मेधा जी माइक पकडली , लोग उनका साथे उनका रौ में बहत चल गइल .किसान , दलित ,आदिवासी , आ विकास के नाम पर विस्थापन के मार झेल रहल लोगन के पीड़ा के दस्तूर जब आरम्भ भइल त ख़तम होखे के नाम ना लेत रहे .

                              संविधान के मूल भावना आ जमीनी सच्चाई  के    बीच के अंतर पर प्रकाश डालत मेधा जी कहली ,"हमनी के देश के आर्थिक नीति से सामाजिक विषमता के खाई और बढ़ल जात बा   . एकरा के पाटे खातिर  गांधी जी के" ट्रस्टीशिप नीति "  के अपनावे के पड़ी . पूंजीपति आ उद्योगपति अगर ई मान लिहें की उनका पास जवन अकूत    संपदा  बा  उ उनकरा लगे राष्ट्र के धरोहर बा त एह देश के वंचित लोगन के दशा और दिशा बदल जाई . "  चुनाव सुधार के बात करत राईट टु रिकाल आ राईट टु रिजेक्ट के भी बात कैली .संसद में महिला लोगन के अपेक्षाकृत कम संख्या पर अफ़सोस व्यक्त करत कहली कि " हर संसदीय क्षेत्र से दू गो  प्रतिनिधि के चुनाव होखे के चाहीं -एगो पुरुष आ एगो महिला , तब जाके आधा आबादी के प्रतिनिधित्व मिल सकी ."
                            एह अवसर पर भोजपुरिया माटी के बखान करत उ इहो कहली कि इ माटी देश में क्रांतिकारी बदलाव लियावे में हमेशा अहम् भूमिका निभवले बिया   . आज जब देश के सामाजिक आर्थिक नीति में व्यापक बदलाव के जरुरत महसूस कैल जा रहल बा एह माटी से  बहुत ज्यादा के  उम्मीद बा  .जब कार्यक्रम समाप्त भइल त पांडाल एह नारा से गुंजत रहे -"हर हाथ के काम चाहीं, काम के पूरा दाम चाहीं ."
जय भोजपुरी   
            मंच पर मेधा पाटकर .......
भोजपुरिया माटी के आह्वान करत मेधा पाटकर 
उपस्थित जन समुदाय .......
भाव नृत्य प्रस्तुत करत कस्तूरबा  बालिका विद्यालय के छात्रा ........तिरंगा लहर रहल बा ......
खाना खात मेधा पाटकर ................
आयोजन के सफल बनावे वाला नवचेतना के सिपाही आ अन्य लोग ..............साथ में मेधा पाटकर 

Views: 74

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on January 27, 2012 at 2:28pm

संजय भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी 

पंजवार के धरती आ नवचेतना के सिपाही आ पंजवार के जनता , राजनैतिक , सांस्कृतिक , शैक्षिक , सामाजिक माने हर तरह से एक दम उस्ताद बा लो जागरुक बा लो आ एह चीज के परतोख एक हाली दु हाली ना कई हाली हम देखनी । चाहे उ गांव मे पुस्तकालय होखे भा , क्विज प्रतियोगिता , भा प्रभा प्रकाश डिग्री कालेज के निर्मान होखे भा भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन होखे हर बेरि हम ओह माटी के उत्साह ओजुगा के लोगन के जोश देखले बानी आ हम उमेद कई सकेनी की मेधा पाटकर भी एह बात के एह भाव के बुझले होईहे । 

बाकी हम एह बात से सहमत बानी आ ई बात एक दम सही बा की हर हाथ के काम चाही । 

काल्हु प्रमोद जी कुछ अईसने चीजन प एगो बहस छेडले बानी , आ सांचो अब ई एक दम जरुरी हो गईल बा की सांच बात के सब केहु बुझो जानो सुनो आ फेरु ओहि लेखा करो । 

पंजवार के माटी के ओजुगा के लोगन के आ नवचेतना के एक हाली फेरु से इयाद दिआवे खाति बहुत बहुत धन्यवाद ! 

जय भोजपुरी 

Comment by संजीव सिंह on January 27, 2012 at 9:28pm

संजय जी प्रणाम,

पहीले त गणतंत्र दिवस के हार्दिक शुभकामना अउर बधाई बावे।

पंजवार के माटी के महक के एहसास कर के अउर नवचेतना के जवान लोग के उत्साह देख मन बहुत गद-गद हो जात बावे। अउर शरीर के अंदर कुछ अलग तरह के, कुछ नया कर गुजरे के ललक जगा देत बावे।  नवचेतना के सदस्य लोग मे अपना कर्तव्य के प्रति अजब रूझान बावे जवन की जबरदस्त त बडले बा ऐकर कवनो जोड भी नईखे। मेधा पाटकर जी के अहवान प नवचेतना मे अउर भी जादा जोश आई अउर ऊँहा के सोच प  खरा उतरी लो।

जय भोजपुरी

Comment by FAIYAZ AHMAD [RINKU] on January 28, 2012 at 8:12pm

संजय भाई जय भोजपुरी,

गणतंत्र दिवस के हार्दिक शुभकामना और बहुत बहुत बधाई|

पंज्वार के माटी और उहा के लोग के धमक दुनिया देख चुकल बा|

पंज्वार के लोगन के उत्साह के सलाम|

  धन्यवाद

Comment by NOORAIN ANSARI on January 30, 2012 at 4:14pm
संजय जी प्रणाम और जय भोजपुरी..
भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मलेन -२ के सफल आयोजन के बाद पंजवार  के धरती पर मेधा पाटकर जी के आगमन 
वोही जग के लोग के जागरूकता के बहूत बड़ा परिचायक बा..
पंजवार के निवासी सब के और नव चेतना के सब बहादुर जवन लोग के हमार तहे दिल से सलाम..
 
बहूत बहूत धन्यवाद..संजय जी जय भोजपुरी परिवार के एतना बढ़िया समाचार से अवगत करावे खातिर..
Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on January 31, 2012 at 9:53am
प्रणाम  संजय  भाई  जी,
वाह बहुते नीक लागल फेरु एक हाली अइसन
माहोल देख के बस असहीं माट्टी के सेवा होत रहो
काया सफल होजाई !
जय भोजपुरी जिय भोजपुरी !
Comment by Ashutosh Ranjan on February 2, 2012 at 10:04pm

संजय भाई प्रनाम,

राउर  आलेख के एह शीर्षक से हम पूर्णतया सहमत बानी. टैक्स के रूप में एतना पैसा वसुलला के बावजूद भी सामाजिक सुरक्षा के नाम पर खाली भ्रष्टाचार  के बोलबाला बा.....

भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मलेन -२ के सफल आयोजन के बाद पंजवार  के धरती पर मेधा पाटकर जी के आगमन 
वोही जग के लोग के जागरूकता के बहूत बड़ा परिचायक बा..
पंजवार के निवासी सब के और नव चेतना के सब बहादुर जवन लोग के हमार तहे दिल से सलाम..
बहूत बहूत धन्यवाद
जय भोजपुरी

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service