Come, let's do something for Bhojpuri...
Comment by संजीव सिंह on January 20, 2012 at 1:45pm अनूप जी प्रणाम,
अजीब ही ना बहुत अजीब बावे ई।
ऐह दुनिया मे सबसे बडका जवन बिमारी बावे ऊ हवे स्वार्थ। अउर कही ना कही ऐह सब कारण के पिछा भी स्वार्थ ही छुपल बावे।
वईसे बढीया ढंग से ऐह समीकरण मे आजु के अजीब-अजीब समस्या प गौर कईल गईल बावे।
धन्यावाद।
जय भोजपुरी
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on January 20, 2012 at 1:46pm अनुप भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी
राउर बात सोरह ना बीस आना सही बा आ एहि प एगो बात हम एक जगहा कहले रहनी त ढेर लोगन के माहुर लेखा लागल आ तीत लागल ।
बात इहे बा की हमनी के कब ले अपना जिम्मेवारी से भागब जा ? कब ले हमनी के दोसरा प अंगुरी उठाईब जा ! जिम्मेवारी एगो इंसान भईला के अपना क्षेत्र अपना माटी अपना भाषा अपना लोगन खाति । मय लोग हमरा के ओजुगा तडेच लिहल !
सांच पुछी त जहिया हमनी के अपना आरी कगरी देखे लागब जा ओहि दिन से सब सही होखे लागी बाकी हमनी के बात करब जा ओह चीझु के जवना के हमनी के कुछ कईये ना सकेनी जा आ जहा कुछ करे के रही ओकरा खाति ओह के अंगुरी देखाईब जा जेकरा उ करही के नईखे ।
लोग अधिकार आ हक के बात टांठे करेला आ कर्तव्य के बात प मेहरा जाला ।
उमेद बा राउर ई ब्लाग लोगन के आंखि आ दिल दिमाग तीनो के खोली ।
जय भोजपुरी
Comment by FAIYAZ AHMAD [RINKU] on January 20, 2012 at 7:10pm अनुपम भाई जय भोजपुरी,
राउर लिखल सोलह आना सच बा|
लोग बात लम्बा लम्बा करेला लेकिन जब ओह पर अमल करे के वक़्त आवेला तब लोग अपने बात भुला जाला|
Comment by Brij bhushan choubey on January 20, 2012 at 7:11pm अनूप जी प्रणाम आ जय भोजपुरी ,
अनूप जी प्रणाम,
राउर बात से हम आंशिक रूप से सहमत बानी, पूर्णतया ना...हम खुदे ना कबो भीख देनी आ ना टिप्स...भगवान् के इयाद त करीले..लेकिन झुठाहु अगरबत्ती देखावे में विश्वास ना करीं....आ जन्हा तक वेलेंतायीं डे भा मदर्स डे के सवाल बा..हम ओहुमें भरोषा ना राखिले..हाँ इ बात दीगर बा की केहू इयाद दिया देहलस भा कंही पढ़ लेहनी त सामान्य रूप से ओहिपर चर्चा क लेहनी...
माने हमार त कहे के लब्बोलुवाब इ बा की जवान राउर दिल गवाही देवे उचित के ओकरा के जरुर करीं आ दिमाग के दिल पे हावी मत होखे दी....शायद इहे रौवो कहल चाहत बानी....
जय भोजपुरी
Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on January 22, 2012 at 5:58pm anoop bhaiya parnam a jai bhojpuri |
bahut sahi bada ajeeb ba ,ekdam soraho aane sanch|
bahut bahut dhanyavad |
jai bhojpuri
sanjay pandey
Comment
© 2013 Created by Admin.
You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!
Join JaiBhojpuri.com