Come, let's do something for Bhojpuri...
"विदाई के बेरमाई देले अचरा मेंमुट्ठी भर चाउरपाँच गोटा हरदीदूब आउर सिक्काकहे के थोर होलाबाक़ी एमे भरल बानेह छोह दुलारअखंड सौभाग्यवती औरसुखमय जीवन केआसिरबाद अपरम्पार (s-roz )
मांग सिन्दुर से भरी,मुख पान से भरी,खोइछा धान से भरी,मैया हे देहू ना अशीष घरवा जाऊं मैं चली। -
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on January 13, 2012 at 3:15pm बहिन प्रनाम आ जय भोजपुरी
खोईंछा के बारे मे काल्हु से मिडिया कई हाली लिखलस समाचार मे आवत बा , एक दु लोग हमरा से पुछबो कईल ह की ई खोईंछा का होला काहे कि त्रिनिदाद के प्रधानमंत्री श्रीमति कमला प्रसाद बिसेसर जी के काल्हु बक्सर मे बिदाई के बेरि खोईंछा दिआईल रहे आ ई बात न्युज मे आईल रहे एह से लोग पुछत रहल ह !
हमरा जतना मालुम रहल ह ओतना बतवनी आ मालुम एह से रहल ह की खोईंछा देबे के बेरि ( केहु के बिदाई होखे माने फुआ माई चाची , बहिनियन के ) माई भा चाची कहस की जा के दुबि ले ले आवs आ ईनार प के ले अईहs काहे की उ तनि ढेर हरिअर रहेला आ जाये वाला के मुह पछिम परी खोईंछा भरे वाला के मुह पुरुब परी कई के खोईंछा आंचर मे बान्हल जात रहे !
बात राउर सही बा की अब महंगा महंगा साडी लोग पहिरे लागल एह से सोचत बा की आंचरा खराब हो जाई त रुमाल मे लेत बा !
हमरा दु चार लोगन से जवन बात भईल ह एह बिषय प त इहे जानकारी भईल ह की नीमन संजोग , नीमन भविष्य , बिघ्न बाधा से बचे खाति , रास्ता के सफर नीमन सुखद होखे , जातरा नीमन रहे एह खाति ई खोईंछा दिआला ।
रउवा एक एक चीझु के बहुते नीमन से बतवनी आ हम उमेद करत बानी की भोजपुरी के नवका पीढी एह परम्परा के आगे भी बढाई एह के जिआई , मुवाई ना ...
जय भोजपुरी
Comment by arjun rai on January 13, 2012 at 3:24pm
Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on January 13, 2012 at 4:50pm
Comment by Manish kumar Rai on January 13, 2012 at 6:50pm प्रनाम आ जय भोजपुरी.....
बहुत बहुत धन्यवाद सरोज जी जे रऊआ हमनी के भोजपुरिया रस्म “खोईंचा” के बारे में विस्तार से बतवनी .....
Comment by मुकेश मिश्र (राजू बाबा) on January 13, 2012 at 7:09pm रउआ खोइंच्छा के बारे मे जावन् जानकारी देनी ह उ बहुत निमन लगाल .
एतना त हमरा मालूम रल की खोइंच्छा विदाई के बेरा(फुआ चाची बहिन लो के) देहल जल.बकिर जवना तरीका से एक-2 चीज़ के बारे मे राउआ बतवनी ह उ बहुत कम लो के मालूम होई(हमरा त मालूम ना रल).
एतना निमन जानकारी देला खातिर धन्याबाद.
Comment by Brij Kishor Tiwari on January 13, 2012 at 8:44pm जय भोजपुरी आ प्रणाम बहिन ..............
"खोईछा भरल" सुनल त आम बात हवे ,हमनी के इहा ,लेकिन विधिवत जानकारी, एतना ना रहे
बहुत निमन जानकारी ...उहो विधि विधान से ...........
बहुत धन्यवाद बहिन .....
जय भोजपुरी ...
Comment by FAIYAZ AHMAD [RINKU] on January 13, 2012 at 10:37pm सरोज दीदी जय भोजपुरी,
खोईछा के बारे में इतना विस्तार पूर्वक जानकारी हमरा आज तक कबो सुने या पढ़े के ना मिलल रहल हावे|
इतना अच्छा जानकारी देबे खातिर राउर बहुत बहुत धन्यवाद |
Comment by sanjay kumar singh on January 14, 2012 at 11:19am दीदी प्रणाम ,
बहिन जी प्रणाम,
खोईंचा लियात दियात खुबे देकहले बा आदमी..लेकिन पहिला बेर इतना विस्तरीत जानकारी मिलल....धन्यवाद.
जय भोजपुरी
© 2013 Created by Admin.
You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!
Join JaiBhojpuri.com