JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

मिसरी से भी मिठ हऊए भोजपुरी..

मिसरी से भी मिठ हऊए भोजपुरी,
एक बार फिर से बोल के त देख|

सोच जन ऐ मोरा चाचा भाई भउजी,
एक बार फिर से बोल के त देख|

बहत बाटे हवा,
गमछीयाँ लहरा के फिर से त देख|
बाध के मथवा पर पगरीयाँ,
अऐनक मे फिर से मुँह त निरेख|

शहर मे जब से आईल बाड,
कबो फिर से गाँव के याद करके त देख|
पडल बाटे जेवन याद पर धुर,
ओकरा के कबो फिर से हटा के त देख|

भोजपुरी बतीयावे मे लाज काहे लागत बा,
फिर से भोजपुरी मे बतीया के त देख|
मौसम अब आईल बाटे,
भोजपुरी के सम्मान दिलावे खाती|

दु कदम जय भोजपुरी के सगे चल कंधा से कंधा मिलाइ के त देख


हमके आशा ना पुरा विश्वास बा कि रउआ लोग जरूर आईम जा
रउआ लोग के स्वागत बा

Views: 98

Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on September 23, 2011 at 8:23pm
प्रणाम बिश्वजीत भाई ,
 
बहुत सुनर रचना एगो सनेश
एगो आगाज
 
बहुते नीमन
जय भोजपुरी जिय भोजपुरी !
Comment by अभिनन्दन गुप्ता on September 23, 2011 at 8:28pm
bahut niman hai char lainबहत बाटे हवा,
गमछीयाँ लहरा के फिर से त देख|
बाध के मथवा पर पगरीयाँ,
अऐनक मे फिर से मुँह त निरेख| bahut badhiya baa jai hind jai bhojpuri
Comment by sanjay panday on September 24, 2011 at 11:58am

biswajeet bhai parnam a jai bhojpuri |

bahut sundar rachab ba bhaiya |ego sandes ba je bhojpuri bole me lajaja|
bahut bahut dhanyavad

jai bhojpuri

sanjay pandey  

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on September 24, 2011 at 12:18pm

बिश्वजीत भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी

 

एक दम खांटी अँदाज मे बहुत बरिआर तरिका से लोगन से राउर ई निहोरा सांचो बहुत बेजोड बा !

पढला के बाद भोजपुरिया लोग कम से कम भोजपुरी बोले लिखे खाति त सोचही लागी !

 

बहुत नीमन तरिका से बहुत सुनर सुनर शब्दन मे रउवा अपना बात के कहनी !

 

आगहु अउरी भोजपुरी रचना के इंतेजार रही !

 

जय भोजपुरी

Comment by Anoop Srivastava on September 24, 2011 at 6:17pm
बहुत बढ़ियाँ विश्वजीत भाई जी,
जे भोजपुरी नइखे जानत ऊ त एकरी मिठास से खिंचत आवत बा, बाकी जे भोजपुरिए माटी चाट-चाट के बड़हन भइल होखे ओकरा अगर एकर स्वाद याद दियावे के पड़े त बड़ा शरम के बात बा .... उम्मीद बा रउरी ए रचना के पढ़े वाला भाई लोग चेती ..धन्यवाद आ जयभोजपुरी ।
Comment by शशि कुमार सिंह (SHASHI) on September 25, 2011 at 8:38pm
बिश्वजीत भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी,
जिय हो भाई जिय मंन गद-गदा गैईल राउर रचना पढ़ के ................

जैय हो .........ऐही नीयन हम्नी के आपन कलम के जादु दिखवत रही ...

जय भोजपुरी
Comment by Brij bhushan choubey on September 26, 2011 at 3:05pm
bahut badhiya rachna ba bhai  .jai bhojpuri

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service