JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

भरत शर्मा आईसीयू में...

बनारस। भोजपुरी संगीत जगत के भीष्म पितामह भरत शर्मा व्यास के एहिजा सीना में दर्द के शिकायत के बाद स्थानीय "सिंह मेडिकल, वाराणसी कैंट" में सोमवार के भर्ती करावल गइल। ओही समय उनकर जाँच के बाद तुरंत उनका के गहन चिकित्सा कक्श (आईसीयू) में भर्ती कइल गइल।
 
डाक्टरन के अनुसार 'व्यास जी' के सीना में 'कफ' आ 'वायरल इंफेक्शन' के शिकायत बा, अउर ओकरा वजह से उनका के आईसीयू में राखल गइल बाटे। भरत शर्मा के करीबी लोगन के अनुसार धीरे-धीरे उनकर स्थिति में सुधार हो रहल बाटे, अउर डाक्टरन के एगो टीम उनका पर लगातार नजर बनवले रखले बा। डाक्टरन के अनुसार भरत शर्मा जी के स्थिति में पिछला 24 घंटा के दौरान काफी सुधार भइल बाटे, अउर एह संबंध में विशेष जानकारी कुछ जाँच के रिपोर्ट अइला के बाद दिहल जा सकेला।
 
भरत शर्मा के तबियत के बारे में जानकारी मिलला के बाद भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री खासा चिंतित बिया। फिल्म निर्माता मुर्तजा जाफरी, गीतकार बिपिन बहार, अभिनेता मनोज तिवारी समेत कई लोग भरत शर्मा के शीघ्र स्वास्थ्य लाभ के कामना कइले बा, अउर भगवान से उनका बेहतर स्वास्थ्य खातिर प्रार्थना कई रहल बाटे। भोजपुरिया डॉट कॉम परिवार अउर जय भोजपुरी परिवार के वरिष्ठ सदस्य लोग लगातार भरत शर्मा से संपर्क में बा, अउर हमनी का एहिजा उनका स्वास्थ्य से संबंधित हर खबर के लगातार पोस्ट करत रहब जा।
 
आईं, भगवान से उनका स्वास्थ्य के ठीक करे के प्रार्थना कइल जाव।

 

Views: 37

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on June 23, 2011 at 11:56pm
हम उपर वाला से भरत भईया के जल्दी से नीमन करे खातिर प्रार्थना करत बानी !
Comment by manoj kumar kushwaha on June 24, 2011 at 12:19am

भरत भईया के प्रभु जल्दी निरोग कर दिहन ऐसन हमार ईश्वर से प्रार्थना बा.

Comment by Ashutosh Ranjan on June 24, 2011 at 9:58am
ऊपर वाला से इहे प्रार्थना बा की भारत जी के शीघ्र स्वास्थय लाभ होखे.
Comment by Anoop Srivastava on June 24, 2011 at 3:03pm
हे ईश्वर, भरत भाई जी के, जेतना हाली हो सके, नीक क देईं .... रउआ से ईहे हमार प्रार्थना बा ।
Comment by Narendra Dubey on June 24, 2011 at 3:05pm
God please take care of him and make him well as soon as possible....
Comment by yshankermurti on June 24, 2011 at 3:08pm
ग्वान से प्रार्थना करतनी की भरत भैया हमानी के औरि पचास साल ले आपण मधुर गीतन से आनंद देस. 
Comment by Rajesh Ojha on June 24, 2011 at 3:39pm
Bharat Bhaiya jaldi se jaldi thik hoi jaain, ihe bhagwan se prarthana baa.
Comment by Seema Tiwari on June 24, 2011 at 4:14pm
हे ईश्वर, भरत भाई जी के, जेतना हाली हो सके, नीक क देईं-seema Tiwari
Comment by MUKESH MANI THAKUR on June 24, 2011 at 4:19pm
भरत भईया के प्रभु जल्दी निरोग कर दिहन ऐसन हमार ईश्वर से प्रार्थना बा.
Comment by Bhanushree on June 24, 2011 at 5:36pm
भरत भईया के प्रभु जल्दी निरोग करसु  हमार ईश्वर से प्रार्थना बा.

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service