Come, let's do something for Bhojpuri...
श्रीनाथ आशावादी
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on January 25, 2011 at 3:31pm बहिन प्रणाम आ जय भोजपुरी
श्रीनाथ आशावादी के एह कविता के खाली मार्मिक आ भावुक कही के हम एह रचना के कम ना करब काहे की ई रचना खाली रचना ना एगो किसान के एगो गरीब के एगो बेरोजगार के चित्कार बिया , एह रचना मे एक एक शब्द गरीब के आह के देखा रहल बा आ एक एक लाईन अईसन लागत बिया जईसे की आंख के सामने हो रहल बा आ आंखो देखा हाल श्रीनाथ जी लिख रहल बानी ।
समाज के सच्चाई ,देस मे जवन हो रहल बा वोह सच्चाई के वोह हकीकत के एह ले नीमन देखावे वाला शायद आजु के समय मे दिया ले के खोजला पे ना मिलिहे ।
आजु के समय मे एगो गरीब जवना जवना दुर्गति से आपन जिनगी जी रहल बा वोह हर एक चीझु के श्रीनाथ जी देखा देले बानी । लोगन के अत्याचार पे डहकत गरीब , भुख मिटावे खातिर हहरत गरीब , भुख से बेहाल सुखटी भईल गरीब , लोगन के दु शब्द प्यार के छछनत गरीब आ एह सब चीजन से धनी बिया ई रचना !
बहुत बहुत धन्यवाद रउवा के एह कालजयी रचना से हमनी के परिचय करावे खातिर ।
जय भोजपुरी
श्रीनाथ आशावादी जी के ई कविता वाकई बेजोड़ बा ...... तंगी, अभाव आ मानवीय पीड़ा के जीवन्त चित्रण बा ।
धन्यवाद आ जय भोजपुरी ...।
सरोज जी प्रणाम,
बहुत बहुत धन्यवाद इतना बेहतरीन आ मार्मिक कविता हमनी संगे बांटे खातिर.
जय भोजपुरी
Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on January 26, 2011 at 8:40am बहुतअ बडिया
Comment by भास्कर रंजन "सूर्य" on January 29, 2011 at 7:08pm परनाम आ जय भोजपुरी
एतना दुःख के बेरा में, केहू दुखीयारी आपना बात के गीत के रूप में केतरी बताई उहो आपना मूँहे वोकर एतना सुनर उदहारन हम आज पहिला बेरी देखत बानी । बहुते बढिया रचना ... करेज के छू जावे वाला ।
राउर बहुते - बहुत धन्यबाद आ आशावादी जी के नमन ।
जय भोजपुरी ।
Comment by FAIYAZ AHMAD [RINKU] on February 3, 2011 at 6:07pm सरोज दीदी जय भोजपुरी,
श्रीनाथ आशावादी जी के ई रचना वाकई बेजोड़ बा |
पढ़ के बहुत अच्छा लागल |
इ कविता इहा पोस्ट कईला खातिर राउर बहुत बहुत धन्यवाद |
Comment
© 2013 Created by Admin.
You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!
Join JaiBhojpuri.com