JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

भोजपुरी गायक बालेश्वर यादव के निधन

लखनऊ। मशहूर भोजपुरी गायक बालेश्वर यादव के एहिजा रविवार के निधन हो गइल। उनुकर पारिवारिक सूत्रन के अनुसार 68-वर्षीय बालेश्वर पिछला कुछ समय से बेमार रहलन, अउर उनकर इलाज लखनऊ के श्यामा प्रसाद मुखर्जी अस्पताल में चलत रहे। "हमार बलिया बीचे सजना भुलाईल सजनी" अउर "निक लागे टिकुलिया गोरखपुर के" जइसन गीतन से प्रसिद्ध बालेश्वर के भोजपुरी गीतन में पुरोधा मानल जाला, अउर कई देशन में उनका के "बालेश्वर बाबा" के नांव से जानल जात रहे।

इलाज के क्रम में आज सबेरे अस्पताल में ही ऊ अंतिम सांस लिहलन। उनकर अंतिम संस्कार काल्ह एहिजे बैकुण्ठ धाम में कइल जाई। देश-विदेश में भोजपुरी लोक संगीत के लोकप्रिय बनाये में महत्वपूर्ण भूमिका अदा करे वाला बालेश्वर के सात जनवरी 1995 के उत्तर प्रदेश सरकार द्वारा यश भारती पुरस्कार से भी सम्मानित कइल गइल रहे। उनका परिवार में उनकर पत्‍‌नी छंगुरी देवी, तीन गो बेटा राजेश, अवधेश अउर मिथलेश समेत पतोह लोग बा।

लोकगायन में 'बिरहा' के एगो अलग पहिचान दिलाये वाला गायक बालेश्वर यादव के जनम एक जनवरी 1942 के मऊ के बदनपुर गांव में भइल रहे। ओहिजे क्षेत्रीय स्तर पर गायकी से उनकर नाम भइला के बाद सांसद स्व. झारखंडे उनका के सुनलन, अउर 1962 में लखनऊ ले अइलन। एकरा बाद बालेश्वर कबो पिछे मुड के ना देखलन। पता ना केतना एलबम रेकार्ड भइल, अउर अनगिनत स्टेज शो भइल। अस्सी के दशक में उनकर लोकप्रियता चरम पर रहे। एक बेर विदेशन में उनकर स्टेज शो शुरु भइल, त लागल कि भोजपुरी लोकगीतन के नया आसमान मिल गइल। ओह समय ऊ हॉलैंड, जर्मनी, मॉरीशस अउर थाइलैंड का संगे-संगे कई यूरोपीय देशन में आपन कार्यक्रम पेश कइलन। विदेशन में उनकर शो के सिलसिला 2008 ले लगातार चलत रहे, जब ऊ सुरीनाम में आपन आखिरी प्रस्तुति देले रहलन।

बालेश्वर यादव के निधन से भोजपुरी संगीत इंडस्ट्री में शोक के लहर दौड गइल बाटे। भरत शर्मा, गोपाल राय, देवी, अशोक कुमार दीप
, राकेश उपाध्याय अउर कई अन्य लोग एह खबर से सदमा में बा, अउर उनका आत्मा के शांति खातिर भगवान से प्रार्थना कइ रहल बाटे। एकरा अलावा फिल्म इंडस्ट्री से रवि किशन, मनोज तिवारी, दिनेश लाल यादव निरहुआ, पवन सिंह, रानी चटर्जी, मुर्तजा जाफरी समेत कई लोगन के शोक-संदेश हमनी के मिलल बाटे, जवना में बालेश्वर के निधन पर दुख व्यक्त कइल गइल बाटे।

हॉलैंड, मॉरीशस, सुरीनाम, फिजी समेत कई देशन में मशहूर बालेश्वर यादव के निधन भोजपुरी समाज खातिर एगो अइसन क्षति बा, जेकर पूर्ति निकट भविष्य में भइल संभव नइखे। भोजपुरिया डॉट कॉम अउर जय भोजपुरी परिवार उनका के श्रद्धांजलि देता, अउर उनका परिवार के एह दुख के सहे के शक्ति देवे खातिर भगवान से प्रार्थना करता।

Views: 94

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on January 9, 2011 at 9:10pm

एडमिन जी प्रणाम आ जय भोजपुरी

 

ई एगो बहुत दुखद समाचार बा , बालेश्वर यादव बिरहा के जानल मानल आ दुगोला के बहुत बरियार गवईया रहलन हा , हम खुद उनुकर बिरहा आ दुगोला देखले आ सुनले बानी ।

 

बाकी इहो बात बा की बाद मे जा के बालेश्वर जी के कई गो फुहर आ दुअर्थी गीत भी अईली स लेकिन तबो बालेश्वर जी के गावल कुछ गीत बहुत ही दमदार बाडी स ।

 

रेइ रेई रेइ रेई रेइ रेई रेइ रेई के तान हमरा ख्याल से इनिकरे दिहल हवे , भा ढेर हम इनकरे मुहे सुनले बानी इनकरे गीतन मे सुनले बानी ।

 

हम उपर वाला से बालेश्वर जी के आत्मा के शांति खातिर प्रार्थना करब आ हम इहो प्रार्थना करब की एह अपुरणीय क्षति के एह आघात के सहे खातिर घरवाला लोगन के ताकत उपर वाल देसु ।

 

जय भोजपुरी

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on January 9, 2011 at 9:12pm
दुनिया वाले कहेला हमके बिहारी मितवा : बालेश्वर यादव


Comment by Brij Kishor Tiwari on January 9, 2011 at 9:37pm

.

bahut dukh ke baat ..........

ham bahut dukhi baani .........

bhagwan unka aatma ke shanti dewas 

Comment by भास्कर रंजन "सूर्य" on January 9, 2011 at 9:45pm
भगवान उहाँ के आत्मा के शांति देस . . . उहाँ के जगेह कबो नइखे भरल जा सकत । उहाँ के भोजपुरी खातिर जोगदान हरमेशा इयाद कइल जाई ।
Comment by Pankaj Praveen on January 9, 2011 at 10:00pm
श्री बालेश्वर  जी के आत्मा के शांति के साथ उहा के परिवार के एह दुःख के सहन के शक्ति मिले ..भगवन से एहे प्रार्थना बा ..

प्रवीण

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on January 9, 2011 at 10:40pm


दलबदलु नेता लोगन पे
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on January 9, 2011 at 10:45pm

बेरोजगारी पे

 

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on January 9, 2011 at 10:47pm

महंगाई पे

 

Comment by anilkumar on January 9, 2011 at 11:56pm
बहुत दुखद समाचार बा हम खुद उनुकर बिरहा आ दुगोला देखले आ सुनले बानी ।
बात तब के हुवे जब हम ८ साल के रहनी उनकर गाना "जब से लईकी लोग साईकिल चलावे लागली "आइल रहे सुपरहीट भइल रहे भगवान उनुकरा परिवार के ई दुःख सहे के सक्ति देसु
Comment by Vikash Rai on January 10, 2011 at 12:27am
हमरा त विश्‍वासे नईखे होत!!!!!!!!!!!!!बालेश्वर जी क कमी भोजपूरिया समाज के हमेशा खली|उहाँ क गायकी आ शैली हमेशा अमर रही...

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service